For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

के हउएँ जाह्नवी कपूर के बॉयफ्रेंड शिखर पहाड़िया? इनकर खूबी क‌इलस एक्ट्रेस के ब्रेकअप के बादे पैचअप पs मजबूर

02:54 PM Jan 04, 2024 IST | Minee Upadhyay
के हउएँ जाह्नवी कपूर के बॉयफ्रेंड शिखर पहाड़िया  इनकर खूबी क‌इलस एक्ट्रेस के ब्रेकअप के बादे पैचअप पs मजबूर
Advertisement

Advertisement

जाह्नवी कपूर एह दिन आपन लव लाइफ के लेके चर्चा में बनल बाटीं। एक्ट्रेस शिखर पहाड़िया के डेट करत रहली। एकर जानकारी पहिल बेर 'कॉफी विद करण' में देहले रहली। अपकमिंग एपिसोड में जाह्नवी कपूर बॉयफ्रेंड के बारे में खुलके बात करत नजर अइयें ।

बॉलीवुड के खूबसूरत एक्ट्रेस जाह्नवी कपूर आपन फिल्मन से ‌‌ढेर आपन बोल्ड तस्वीरन आ आपन रिलेशनशिप के लेके चर्चा में बनल रहेली। एक्ट्रेस आपन अंदाज से फैंस के सोशल मीडिया पs घायल करत रहेली । इनकरी ईs अंदाज के उनका बॉयफ्रेंड दीवाना बाने आ एही वजही से उहो जाह्ववी के पोस्ट पs कमेंट करे से नाही चूके नs। एक्ट्रेस समय शिखर पहाड़िया के साथे रिलेशनशिप में बाड़ी। इनकरी लव लाइफ के मुद्दा आवे वाला 'कॉफी विद करण' के एपिसोडन में छाए वाला बा। एक्ट्रेस अपिना बहिन खुशी कपूर के साथे 'कॉफी विद करण' के काउच पs करण जौहर के सवालन के जवाब देत नजर आवे वाली बाटी। एही दौरान एक्ट्रेस पहिला बेर खुलके आपन लवलाइफ आ बॉयफ्रेंड पs बात करत दिखिहें। एपिसोड आवे से पहिले करण जौहर के एगो सवाल आ जाह्ववी के जवाब काफी चर्चा में बा।

बॉयफ्रेंड के लेके सवाल

जाह्नवी कपूर आ बॉयफ्रेंड शिखर पहाड़िया के कई मउकन पs एक साथे देखल ग‌इल आ उ सोशल मीडिया पs एक-दूसिरा पs प्यार लुटावत नजर आवेले। एकरा बारे में बात करत करण जौहर पूछन, ' राउर प्यार के सफर दिलचस्प रहल, रउरा शिखर के डेट करत रहनी आ फेरु कवनो अउरी के डेट क‌इनी आ अब रउरा फेर से शिखर के डेट करत बानी। सही आ गलत?'

जाह्नवी बत‌वली शिखर के खुबी

एकरी जवाब में जाह्नवी कहली, 'हम अ इसन नइखी कहत, बाकिर हम इs कहब, उ खाली हमरे खातीर नाहीं, बल्कि हमरे परिवार में सभे खातीर सुरू से एगो दोस्त रहने। उs अइसन कबो नाहीं दिख‌उन के उनकरा के कवनो चीज के उम्मीद बा। उ बिना कवनो उम्मीद के जुड़ल रहन।' जाह्नवी कपूर आगे कहली, 'उ बहुते ही निस्वार्थ गरिमापूर्ण तरीका से हमरे साथे खड़ा रहन। हम अइसन लोग के नाहीं देखनी जवन कि दूसरे इंसान के अइसन तरीका से हमेशा साथ दें।' एक्ट्रेस इहो कहली कि उनका स्पीड डायल पs केहु आई नाहीं। ई कहिके एक्ट्रेस साफ क‌ई लेहली एक्ट्रेस के शिखर के इs खूबी एs कदर भावल कि उ उनकरा के साथ दोबारा रिलेशनशिप में आ गईंली।

के ह शिखर पहाड़िया? 

पहिले राउर जाह्नवी के बॉयफ्रेंड शिखर पहाड़िया के बारे में बतावल जाई। शिखर एगो राजनीतिक परिवार से हउए। उनकर दादा महाराष्ट्र कs पूर्व मुख्यमंत्री रहन। उनकर नाम सुशील कुमार शिंदे रहल। रहल बात शिखर के तs उ एक यंग बिजनेसमैन हउएँ। शिखर पहाड़िया के जाह्नवी से दोस्ती काफी साल पहिले भ‌इल रहे ।एकरा बाद से ही शिखर उनकरा साथे पार्टीज में नजर आवत रहन। एतने नाहीं शिखर जाह्नवी के परिवार के काफी क्लोज हउएँ।

Tags :
Advertisement