For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

जानि इतिहास में 17 जुलाई काहे खास बा

09:08 AM Jul 17, 2024 IST | Raj Nandani
जानि इतिहास में 17 जुलाई काहे खास बा
Advertisement

देश के इतिहास में 17 जुलाई के दिन महिला खातीर खास तौर पs महत्वपूर्ण बा काहेंकी ई ऊ दिन हs जब 1948 में प्रशासनिक सेवा आ पुलिस सेवा समेत सब लोक सेवा के परीक्षा में भाग लेवे के पात्रता महिला के भी मिलल। एकरा से पहिले ए सेवा के अधिकार सिर्फ पुरुष के रहे।

Advertisement

देश के इतिहास में 17 जुलाई के दिन महिला खातीर खास तौर पs महत्वपूर्ण बा काहेंकी ई ऊ दिन हs जब 1948 में प्रशासनिक सेवा आ पुलिस सेवा समेत सब लोक सेवा के परीक्षा में भाग लेवे के पात्रता महिला के भी मिलल। एकरा से पहिले ए सेवा के अधिकार सिर्फ पुरुष के रहे। देश आ दुनिया के इतिहास में 17 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी घटना के विवरण निम्नलिखित बा...

  •  1489 : सिकंदर शाह लोदी द्वितीय के नाम पर निजाम खान के दिल्ली के सुल्तान घोषित कइल गइल।
  •  1549 : यूरोपीय देश बेल्जियम के गेंट इलाका से यहूदी लोग के निकाल दिहल गइल।
  •  1712 : इंग्लैंड, पुर्तगाल आ फ्रांस युद्धविराम के संधि पर हस्ताक्षर कइलें।
  •  1850 : हार्वर्ड वेधशाला एगो तारा के पहिला फोटो खींचलस।
  •  1893 इंग्लैंड के आर्थर श्रुजबरी टेस्ट क्रिकेट में 1000 रन बनावे वाला पहिला क्रिकेटर बनलें।
  •  1919 : यूरोपीय देश फिनलैंड में संविधान के मंजूरी मिलल.
  •  1929: सोवियत संघ चीन के साथे कूटनीतिक संबंध खतम कइलस।
  • 1943 : ब्रिटेन के रॉयल एयर फोर्स (आरएएफ) जर्मनी के पीनेमुंडे रॉकेट बेस पर हमला कइलस 
  •  1948 : भारत में महिला भारतीय प्रशासनिक सेवा आ भारतीय पुलिस सेवा समेत सगरी लोक सेवा में बहाली के पात्र हो गइल।
  • 1950 : पंजाब के पठानकोट शहर के पास भारत के पहिला यात्री विमान दुर्घटनाग्रस्त भइल।
  •  1987 : ईरान आ फ्रांस के बीच कूटनीतिक संबंध टूट गइल.
  •  1995 : फोर्ब्स पत्रिका माइक्रोसॉफ्ट के संस्थापक बिल गेट्स के दुनिया के सबसे अमीर आदमी घोषित कईलस।
  •  2006: स्पेसक्राफ्ट डिस्कवरी आपन 13 दिन के अंतरिक्ष यात्रा पूरा कइलस आ केप कैनबरा (फ्लोरिडा) के स्पेस सेंटर पर सुरक्षित उतरल।
  •  2008 : अफगानिस्तान में नाटो के सेना पाकिस्तान में लुकाइल आतंकियन पर मिसाइल आ हेलीकाप्टर से हमला कइलस।
Tags :
Advertisement