For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

अचानक अस्पताल में काहें भरती भइले रजनीकांत, रातों-रात अइसन का भइल?

10:18 AM Oct 01, 2024 IST | Minee Upadhyay
अचानक अस्पताल में काहें भरती भइले रजनीकांत  रातों रात अइसन का भइल
रजनीकांत: फोटो
Advertisement

Advertisement

का साउथ सुपरस्टार रजनीकांत के अस्पताल में भरती के लेके अलग-अलग दावा होखत रहे, कुछ लोग कहत रहे कि उनुका पेट में दर्द बा, कुछ रिपोर्ट में उनुका सीना में दर्द होखे के दावा होखत रहे। कुल मिलाके अयीसन माहौल अयीसन भईल जईसे केहु के पता नईखे कि कवन समस्या केतना गंभीर हो गईल बा। हमनी के जानत बानी जा कि अस्पताल में भरती होखल कवनो मजाक ना हs, बाकिर रजनीकांत के एs समय अस्पताल में भरती होखल कवनो इमरजेंसी कंडीशन नईखे। उs एकदम ठीक बाड़े।

थलाइवा अस्पताल काहे गइल?

रजनीकांत के पहिले से प्री प्लान्ड प्रोसीजर खातीर अस्पताल में भरती करावल गईल। एकरा अलावे अबे ले उनुका परिवार चाहे अस्पताल से कवनो अवुरी जानकारी साझा नईखे भईल। एहसे अगर रजनीकांत के स्वास्थ्य से जुड़ल कहीं अइसन कवनो खबर पढ़त बानी तs एक बेर जरूर जाँच करीं कि ऊ कवनो भरोसेमंद स्रोत के माध्यम से दिहल गइल बा कि ना.

76 साल के रजनीकांत आजुकाल्हु दू गो बड़हन फिलिमन पs काम करत बाड़न. पहिला बा डायरेक्टर ज्ञानवेल राजा के फिलिम ‘वेट्टैयान’ जवन दस अक्टूबर के रिलीज होखे जा रहल बा आ दुसरका बा लोकेश कनगराज के 'कुली’. रजनीकांत कुछ दिन पहिले फिल्मन के शूटिंग के बाद चेन्नई लवटल रहले आ जल्दिए एह फिलिमन के प्रमोशनल एक्टिविटीज में शामिल हो जइहें.

थलाइवा रजनीकांत अपना करियर में कई गो यादगार फिलिम देले बाड़न आ आजु ले उनकर हीरो इमेज फीका नइखे भइल. उनकर अभिनय, संवाद आ शैली उनका के एगो अलगे पहचान देले बा। दक्षिण के संगे बॉलीवुड में भी रजनीकांत के प्रशंसक के कमी नईखे।

Tags :
Advertisement