टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: रोज भोरे तुलसी के पानी पीके करीं दिन के सुरुआत, सेहत के मिली इs जबरदस्त फायदा

07:30 AM Nov 09, 2024 IST | Minee Upadhyay
तुलसी के पानी
Advertisement

 

Advertisement

 

तुलसी के पतई में पावल जाए वाला सभ तत्व आपके समग्र स्वास्थ्य के मजबूत राखे में कारगर साबित हो सकता। तुलसी के पतई के अलग-अलग तरीका से आपके रोजमर्रा के आहार में शामिल कईल जा सकता। हालांकि, रोज तुलसी के पतई से पानी पियला से आपके स्वास्थ्य खातीर जादे फायदेमंद साबित हो सकता। तुलसी पानी के स्वास्थ्य लाभ के बारे में जाने से पहिले एकर बहुत आसान रेसिपी के बारे में जानकारी लेवे के चाही।

तुलसी के पानी कईसे बनावल जाला?

तुलसी के पानी बनावे खातिर पहिले तुलसी के पतई के साफ पानी से बढ़िया से धो लीं। अब एगो कड़ाही में लगभग 2 कप पानी डाल के उबल जाए दीं। एकरा बाद उबलल पानी में तुलसी के पतई डाल के लगभग 5 से 10 मिनट ले एs पानी के उबाल लेवे के पड़ेला। अब रउआ एह पानी के कप में छान के ओकरा में शहद डाल के पी सकेनी।

तुलसी के पानी स्वास्थ्य खातिर वरदान

रोज सबेरे खाली पेट तुलसी के पानी पियला से बदलत मौसम के चलते होखेवाला सर्दी अवुरी खांसी से बहुत हद तक राहत मिल सकता। जीवाणुरोधी गुण से भरपूर तुलसी पानी भी आपके शरीर के विषमुक्त करे में मददगार साबित हो सकता। तुलसी के पानी में पावल जाए वाला तत्व आपके दिमाग अवुरी शरीर के आराम दे सकता।

कई गो समस्या से मिली राहत

अगर रउआ पेट से जुड़ल सभ समस्या से छुटकारा पावल चाहतानी तs तुलसी के पानी पीयल शुरू करीं काहेंकी तुलसी के पानी आंत के स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। एकरा अलावे नियमित रूप से तुलसी के पानी पियला से दिल से जुड़ल गंभीर अवुरी जानलेवा बेमारी के खतरा भी कम कs सकतानी। कुल मिलाके तुलसी के पानी आपके समग्र स्वास्थ्य में सुधार करे में कारगर साबित हो सकता।

अस्वीकरण: ई लेख सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय अपनावे से पहिले डॉक्टर से सलाह लीं।

 

 

 

Tags :
# Health careHealthHealth benefitsTulsi
Advertisement
Next Article