टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

CM केजरीवाल के अंतरिम जमानत मिलला के फैसला पऽ पत्नी सुनीता भइली भावुक, कहली ई बात

05:15 PM May 10, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Arvind Kejariwal: दिल्ली सरकार में मंत्री आतिशी कहली अरविंद केजरीवाल आज सांझ के तिहाड़ जेल से बाहर अइहे आ हमरा भरोसा बा कि उऽ दिल्ली आ देश के संबोधित जरूर करिहें। शायद ऊपर वाला के ई इशारा बा कि अब चीज बदल रहल बा देश के लोकतंत्र आ संविधान पs जवन हमला होत रहे अब ओकरा के रोके के घरी आ गइल बा।

Advertisement

दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के सुप्रीम कोर्ट अंतरिम जमानत मिलला के बाद पत्नी सुनीता आपन प्रतिक्रिया देली हऽ। उऽ एह फैसला जानला के बाद भावुक हो गइली आ ओकरा खातिर सब कोई के धन्यवादो कइली। उऽ एह फैसला के लाखों-करोड़ों दुआ के फलो बतवली।

उऽ ट्वीट कइली - हनुमान जी की जय। ई लोकतंत्र के जीत हऽ। लाखों-करोड़ों लोगन के दुआ आ आशीर्वाद के फल हऽ। सब कोई के कोटि - कोटि धन्यवाद। उहे, केजरीवाल के अंतरिम जमानत मिलला पs कई गो आप नेता लो खुशी जाहिर कइले बा।

आतिशी कहली - दिल्ली आ देश के संबोधित जरूर करिहें 

ओहिजा, दिल्ली सरकार में मंत्री आतिशी ने कहली, "अरविंद केजरीवाल आज सांझ के तिहाड़ जेल से बाहर अइहे आ हमरा भरोसा बा कि उऽ दिल्ली आ देश के संबोधित जरूर करिहें। शायद ऊपर वाला के ई इशारा बा कि अब चीज बदल रहल बा देश के लोकतंत्र आ संविधान पs जवन हमला होत रहे अब ओकरा के रोके के घरी आ गइल बा"।

केजरीवाल के चुनाव प्रचार के अनुमति

सुप्रीम कोर्ट शुक के दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के 1 जून ले अंतरिम जमानत दे देलस। 21 मार्च के प्रवर्तन निदेशालय (ईडी) द्वारा गिरफ्तार कइला के बाद केजरीवाल फिलहाल दिल्ली के तिहाड़ जेल में बंद बाड़े। कोर्ट उनका के लोकसभा चुनाव प्रचार के अनुमतियो दे देलस।

Tags :
Arvind KejriwalChief Minister Arvind Kejriwalcm arvind KejariwalCM Arvind KejriwalDelhi CMSUPRIME COURT
Advertisement
Next Article