For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP के बहराइच में भेड़िया के आतंक जारी, अब 11 साल के लइकी के बनवलस शिकार

08:21 AM Sep 11, 2024 IST | Minee Upadhyay
up के बहराइच में भेड़िया के आतंक जारी  अब 11 साल के लइकी के बनवलस शिकार
आदमखोर भेड़िया: फोटो
Advertisement

Advertisement

उत्तर प्रदेश के बहराइच में भेड़िया के आतंक जारी बा।  काल्हु रात एगो भेड़िया एगो 11 साल के लइकी पs हमला कs दिहलस.  हमला के बाद उs फरार हो गईल।  भेड़िया के हमला से लईकी घाही हो गईल बिया, जवना के इलाज खातीr स्थानीय सरकारी अस्पताल महसी में भर्ती करावल गईल बा।  हमला के बाद लोग में दहशत अवुरी बढ़ गईल बा।

भेड़िया 'अल्फा' के तलाश जारी

बता दीं कि बहराइच जिला के करीब 50 गाँवन में आदमखोर  भेड़िया आतंक पैदा कs दिहले बा.  एही बीच मंगल के सबेरे भेड़िया झुंड में पांचवा भेड़िया के वन विभाग के टीम पकड़ लिहलस।  अब वन विभाग ‘अल्फा’ नाम के भेड़िया के खोज में लागल बा।  मंगल के सबेरे करीब 6:15 बजे महसी तहसील के सिसैया चूणामणि गांव के हरबख्शसिंह पुरवा से भेड़िया पकड़ल गईल।  ई एगो मादा भेड़िया हs।  पिछला डेढ़ महीना से महसी तहसील के 50 गांव में आतंक के पर्याय बन चुकल छह भेड़िया के झुंड के इs पांचवा सदस्य रहे।

Tags :
Advertisement