टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

एमपी में रेलवे ट्रैक पs घंटन ले पड़ल रहे महिला के शव, कई गो ट्रेन ऊपर से गुजरल, शर्मसार भइल इंसानियत

12:10 PM Mar 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

मध्य प्रदेश के उमरिया से एगो मामिला सामने आइल बा जवना से पूरा इंसानियत शर्मिंदा हो गइल बा। उमरिया में एगो महिला के लाश घंटन रेल पटरी पs पड़ल रहे लेकिन केहु लाश के पटरी से निकाले के कोशिश ना कईलस। नतीजा ई भइल कि लाश के ऊपर से सवारी गाड़ी आ मालगाड़ी गुजरत रहल आ लोग मूक दर्शक बन के खड़ा हो गइल।

Advertisement

पूरा मामिला का बा?

मामिला बिलासपुर के चंदिया रोड रेलवे स्टेशन से कटनी रेल खंड ले कुछ कदम दूर बा। इहाँ अनजान ट्रेन से टकरा के एगो महिला के मउत हो गईल। जवना के बारे में जानकारी तुरंत रेल प्रशासन के दिहल गईल लेकिन घंटन ले लाश ना निकालल गईल। नतीजा इs भईल कि लाश के ऊपर से बहुत ट्रेन गुजर गईल।

रेलवे के बहुत यात्री भी रेल प्रशासन से लाश के हटावे के अपील कईले, लेकिन रेल प्रशासन जूं ले नाहीं रेंगलस। महिला के लाश 4 घंटा ले पटरी पs पड़ल रहे अवुरी देखेवाला लोग खड़ा होके वीडियो बनावत रहले। एकरा बाद रेल प्रशासन आंख खोल के महिला के लाश के पटरी से निकाल के जांच शुरू कs देलस।

ए पूरा घटना के एगो वीडियो भी सामने आईल बा, जवना में महिला के लाश पटरी पs पड़ल बा अवुरी ओकरा ऊपर से एगो सवारी गाड़ी गुजरत बिया।

 

 

 

 

 

Tags :
indian railwaysMP newsRailway
Advertisement
Next Article