For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Women’s Asia Cup 2024: भारत सात बेर जीतलस खिताब, पाकिस्तान के अइसन रहल बा महिला एशिया कप में रिकॉर्ड, जानीं 

12:18 PM Jul 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
women’s asia cup 2024  भारत सात बेर जीतलस खिताब  पाकिस्तान के अइसन रहल बा महिला एशिया कप में रिकॉर्ड  जानीं 
Advertisement

महिला एशिया कप 2024 के सुरुआत में अब जादे वक्त नइखे बाचल। 19 जुलाई के टूर्नामेंट के आगाज होई। श्रीलंका क्रिकेट के मेजबानी में एह टूर्नामेंट के नौवां संस्करण खेलल जाई। हरमनप्रीत कौर के अगुवाई में भारतीय टीम खिताब के बचाव करे उतरी। दरअसल, श्रीलंका के हराके भारत महिला एशिया कप 2022 के खिताब जीतले रहे।

Advertisement

सात बार भारतीय टीम रहल बिया चैंपियन

भारतीय टीम सबसे जादे सात बेर महिला एशिया कप के खिताब जीतले बिया। एमे चार बेर वनडे फॉर्मेट में भारत चैंपियन बनल बा। जबकि तीन बेर टी20 अंतरराष्ट्रीय प्रारूप में खिताब पs कब्जा जमवले बा। भारत 2004, 2005, 2006, 2008, 2012, 2016 और 2022 में विजेता बनल बा। ओहिजा, पाकिस्तान के टीम आज तक खिताब पs कब्जा नइखे जमा पाइल। निदा दार के टीम दु बेर रनर-अप रहल बिया। आवे वाला टूर्नामेंट में भारतीय टीम अपना पिछला प्रदर्शन के दुहरावल चाही आ खिताब बरकरार रखे खातिर लड़त नजर आई।

टी20 प्रारूप में भारत जीतलस सर्वाधिक मैच

महिला एशिया कप के टी20 अंतरराष्ट्रीय प्रारूप में भारतीय टीम सर्वाधिक 20 मैच खेलले बिया। एमे ओकरा 17 मैचन में जीत मिलल बा। जबकि तीन में हार के सामना करे के पड़ल बा। एह ममिला में दूसरका स्थान पs पाकिस्तान के टीम बिया, जवन 19 मैच खेलले बिया। एमे ऊ 11 में जीत आ आठ में शिकस्त दर्ज कइले बिया। तीसरका स्थान पs 2018 के विजेता बांग्लादेश के टीम बिया, जवन 16 में आठ मैच जीतले बिया आ एतने मैच हारल बिया। ओहिजा, आवे वाला टूर्नामेंट के मेजबान श्रीलंका के 17 में से आठ में जीत आ नौ में हार के सामना करे के पड़ल बा। हैरानी के बात यह ई बा कि मलयेशिया के 11 मुकाबलन में अब तक एको मैच में जीत नइखे मिलल। टूर्नामेंट के नौवां संस्करण टी20 फॉर्मेट में खेलल जाई।

भारत-पाकिस्तान के हेड-टु-हेड रिकॉर्ड

भारत अपना अभियान के आगाज पाकिस्तान के खिलाफ मैच से सुक के करी। हरमनप्रीत के कप्तानी वाली भारतीय टीम के एशिया कप में दबदबा रहल बा, जवन चार में से तीन टी20 खिताब आ चार बेर 50 ओवरन के प्रारूप में जीत दर्ज कइले बिया। भारत आ पाकिस्तान के बीच ई मुकाबला सांझ सात बजे से खेलल जाई। पाकिस्तान के खिलाफ भारत टी20 अंतरराष्ट्रीय में 14 मैचन में 11 जीत दर्ज कइले बिया आ हरमनप्रीत कौर के लक्ष्य एह सिलसिला के आगे बढ़ावे के होई। एह महीना के सुरूआत में भारत दक्षिण अफ्रीका से 1-1 से ड्रॉ खेललस जबकि तीन टी20 मैचन में से दूसरका बरखा में धुल गइल। पाकिस्तान के मनोबल गिरल होई  जवन मई में इंग्लैंड 3-0 से हरवले रहे।

महिला एशिया कप 2024 खातिर दुनो टीम

भारतीय टीम: हरमनप्रीत कौर (कप्तान), स्मृति मंधाना (उपकप्तान), शेफाली वर्मा, दीप्ति शर्मा, जेमिमा रोड्रिग्स, ऋचा घोष (विकेटकीपर), उमा छेत्री (विकेटकीपर), पूजा वस्त्रकार, अरुंधति रेड्डी, रेणुका सिंह ठाकुर, दयालन हेमलता, आशा शोभना, राधा यादव, श्रेयंका पाटिल और सजना सजीवन। रिजर्व: श्वेता सहरावत, साइका इशाक, तनुजा कंवर आ मेघना सिंह।

पाकिस्तान टीम: निदा दार (कप्तान) आलिया रियाज, डायना बेग, फातिमा सना, गुल फिरोजा, इरम जावेद, मुनीबा अली, नजीहा अल्वी (विकेट कीपर), नशरा सुंधू, ओमाइमा सोहेल, सादिया इकबाल, सिदरा अमीन, सईदा अरूब शाह , तस्मिया रुबाब आ तुबा हसन।

Tags :
Advertisement