For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

गोरखपुर में महिला लोगन के जल्दिये मिली मोबाइल पिंक टॉयलेट : कबाड़ बसन से बनल बा मोबाइल पिक टॉयलेट, बगल में बनल बा कैफेटेरिया

09:02 AM Mar 13, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गोरखपुर में महिला लोगन के जल्दिये मिली मोबाइल पिंक टॉयलेट   कबाड़ बसन से बनल बा मोबाइल पिक टॉयलेट  बगल में बनल बा कैफेटेरिया
Advertisement

गोरखपुर शहर में आ रहल महिला लोगन खातिर राहत भरल खबर बा। नगर निगम महिला लोगन के 'मोबाइल पिंक टॉयलेट' के तोहफा देवे जा रहल बा। नगर आयुक्त गौरव सिंह सोगरवाल के पहल पs दुगो कबाड़ बसन के अपडेट कs के मोबाइल पिंक टॉयलेट बनावल गइल बा। एगो बस आके पैडलेगंज के लगे लाग गइल बिया। एकरा के सजावल जा रहल बा। जल्दिये ई महिला लोगन खातिर उपलब्ध हो जाई।

Advertisement

नगर निगम कबाड़ से जुगाड़ कs के दुगो पिंक बसन के अपग्रेड कs रहल बा। कोटक महेंद्रा बैंक CSR फंड से मदद कइले बा। निगम परिवहन निगम से कंडम घोषित हो चुकल बसन के किन के पुणे के एजेंसी को एकर जिम्मा देले रहे। सीएम के कार्यक्रम खातिर एगो बस आ गइल रहे जबकि दूसरको एक हफ्ता के भीतर आ जाई।

महिला लोगन के मिली संचालन के जिम्मा

मोबाइल पिंक टॉयलेट बस के संचालन के जिम्मा स्वंय सहायता समूह के महिला लोगन के दी, जवना से महिला लोगन के आवे-जाये में कवनो तरे के संकोच ना होखे। उप नगर आयुक्त आ स्वच्छ भारत मिशन के नोडल अधिकारी डॉ. मणिभूषण तिवारी बतवलें कि बस में इंडियन आ वेस्टर्न स्टाइल टॉयलेट के सुविधा रही।

एह सुविधन से लैस होई पिंक टॉयलेट

टॉयलेट के भीतर वॉशबेसिन, लईकन के डायपर बदले, सेनेटरी नैपकिन वेंडिंग मशीन, इंसीनिरेटर लागल होई। एसे गंदगी ना फइली। पिंक बस में आगे के ओर टॉयलेट के सुविधा होई। जबकि पीछे के तरफ कैफे के बेव्स्था रही। इहां फास्ट फूड के संगे कॉफी, दूध, बिस्किट आ आउर खाये पीये के सामान मिली। बस के पूरा तरे से लग्जरी बनावल जा रहल बा। एमे साफ-सफाई के विशेष इंतजाम रही।

Tags :
Advertisement