टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Women's T20: महिला क्रिकेट विश्वकप के आगाज आज से, गूगल बनवलस सानदार डूडल

09:50 AM Oct 03, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Women T20 World Cup 2024 Google doodle - फोटो: खबर भोजपुरी
Advertisement

महिला टी20 विश्व कप 2024 के आगाज आज से हो रहल बा। संयुक्त अरब अमीरात 2024 में महिला टी-20 विश्व कप के नवां संस्करण के मेजबानी करे जा रहल बा, जेमे दुनिया के अलग-अलग हिस्सन से दस टीम भाग लिही।

Advertisement

एह खास मवका पs क्रिकेट में महिला लोगन के शक्ति आ सामर्थ्य के सम्मानित करे खातिर गूगल अपना सर्च इंजन के होमपेज पs डूडल बनवले बा। आज गूगल के डूडल एह टूर्नामेंट के प्रतिभागियन के समर्पित कइले बा। एह बहुप्रतीक्षित टूर्नामेंट के सुरुआत आज बांग्लादेश आ स्कॉटलैंड के बीच शारजाह स्टेडियम में होखे वाला मुकाबला से हो रहल बा।

एह टूर्नामेंट के प्रारूप एह प्रकार होई कि दस टीमन के दु ग्रुप में विभाजित कइल जाई, हर ग्रुप में पांच टीम होई। हर समूह के शीर्ष दुगो टीम नॉकआउट में प्रवेश करी, जेमे सेमीफाइनल मुकाबला होई। ग्रुप ए में ऑस्ट्रेलिया, भारत, न्यूजीलैंड, पाकिस्तान, श्रीलंका बा, जबकि ग्रुप बी में दक्षिण अफ्रीका, इंग्लैंड, वेस्टइंडीज, बांग्लादेश आ स्कॉटलैंड के टीम बा।

Tags :
2024 Women's T-20 World CupBhojpuri NewsGoogle DoodleWomen's T-20Womens T-20 world cup
Advertisement
Next Article