For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

महिला लो के मोबाइल पिंक टॉयलेट के साथे कैफे के सुविधा जल्दीए

11:12 AM Mar 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
महिला लो के मोबाइल पिंक टॉयलेट के साथे कैफे के सुविधा जल्दीए
Advertisement

मुख्य संवाददाताशहर के महिला लोग के जल्दिए 'मोबाइल पिंक टॉयलेट विद कैफे' के सुविधा मिल जाई। पुणे में दू गो कंडम बस के पिंक टॉयलेट आ कैफे में बदल दिहल गइल बा। एहमें से एगो बस आ गइल बा जवना के पैड़लेगंज के लगे खड़ा कs के सजावल जा रहल बा। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ भी पछिला अतवार के एकर उद्घाटन कईले रहले। नगर निगम दू गो कंडम बस के कैफे वाला मोबाइल गुलाबी शौचालय में बदले में सोलह लाख रुपिया के रकम खरच कइले बा। एकरा अलावे कोटक महिंद्रा बैंक सीएसआर फंड के माध्यम से भी मदद कईले बा। बस के आगे वाला हिस्सा में महिला टॉयलेट, यूरिनल, वॉसवेसिन, सेनेटरी पैड इंसीनरेटर, सैनेटरी पैड बाक्स अवुरी डायपर बदले अवुरी बच्चा के खाना खियावे खातीर जगह बा। भारतीय आ पश्चिमी शैली के शौचालय के सुविधा उपलब्ध बा।

Advertisement

Tags :
Advertisement