For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Women's T20 WC: स्कॉटलैंड 86 रन पऽ ढेर, ऑलराउंड प्रदर्शन के साथ द.अफ्रीका 80 रन से जीतल

10:34 PM Oct 09, 2024 IST | Sonu Kishor
women s t20 wc  स्कॉटलैंड 86 रन पऽ ढेर  ऑलराउंड प्रदर्शन के साथ द अफ्रीका 80 रन से जीतल
दक्षिण अफ्रीका बनाम स्कॉटलैंड - फोटो : ICC
Advertisement

Women's T20 WC: बुध के दिने भइल आईसीसी महिला टी-20 विश्व कप में दक्षिण अफ्रीका स्कॉटलैंड पऽ हावी हो गइल आ एकतरफा 80 रन के जीत दर्ज कइलस। पहिले बल्लेबाजी करत दक्षिण अफ्रीका पांच विकेट पऽ 166 रन बनवलस। जवाब में स्कॉटलैंड कबो लक्ष्य के करीब ना लउकल आ 17.5 ओवर में 86 रन बना के आल आउट हो गइल।

Advertisement

स्कॉटलैंड के महज दू गो बल्लेबाज दोहरा आंकड़ा ले चहुँपवली। दक्षिण अफ्रीका खातिर नोनकुलुलेको मलाबा सबले सफल गेंदबाज रहली आ उऽ बारह रन पर तीन गो विकेट ले लिहली। क्लो ट्रायन (2/22) आ नेदिन डी क्लार्क (2/15) भी क्लिक कइले बाड़ी।

दक्षिण अफ्रीका के तीन मैच में इ दूसरका जीत हऽ जवना से टीम ग्रुप-बी तालिका में शीर्ष पऽ पहुंच गइल बिया। स्कॉटलैंड के टीम अंतिम पायदान पऽ बा। कप्तान लौरा वोलवार्ट आ उनकर सलामी जोड़ीदार तेजमिन ब्रिट्स ने 7.3 ओवर में 64 रन जोड़ के टीम के शानदार शुरुआत दिलवलस। वोलवार्ट 27 गेंद में 40 रन बनवली आ एह दौरान पांच चौका आ एगो छक्का लगवली। ब्रिट्स 35 गेंद में पांच चौका आ एक छक्के के मदद से 43 रन बनवली।

लौरा वालवार्ड के महिला टी-20 अंतरराष्ट्रीय में 1906 रन भइल। उऽ लिजिले ली (1896 रन) को पीछे छोड़ देली। उऽ एह प्रारूप में सर्वाधिक रन बनावे वाली दक्षिण अफ्रीका के पहिला महिला बल्लेबाज बनली। पावरप्ले में आक्रामक बल्लेबाजी के बदौलत दक्षिण अफ्रीका के टीम 10 ओवर में एक विकेट पऽ 83 रन बनावे में सफल रहल। मारिजेन कैप एकरा बाद खाली 24 गेंद में छव चौकन से 43 रन के पारी खेल के टीम के स्कोर 150 रन के पार पहुंचावे में अहम भूमिका निभवली।

Tags :
Advertisement