टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

World Earth Day 2024: रसोई से इ प्लास्टिक के चीज़ फेंक दीं, इ सिर्फ धरती खातीर ना बलुक राउर स्वास्थ्य खातीर भी खतरनाक बा

09:37 AM Apr 22, 2024 IST | Raj Nandani
What is World Earth Day
Advertisement

विश्व पृथ्वी दिवस हर साल 22 अप्रैल के मनावल जाला। अबकी बेर पृथ्वी दिवस के खास विषय बा प्लैनेट बनाम प्लास्टिक। आईं हमनी के अपना घर से धरती के सुरक्षित बनावे के काम शुरू करीं स आ रसोई से हानिकारक प्लास्टिक के सामान फेंक दीही।

Advertisement

प्लास्टिक से खाली हमनी के धरती आ पर्यावरण के प्रदूषण त हो रहल बा बलुक एकर खराब असर हमनी के स्वास्थ्य प भी पड़ रहल बा। आजकल अधिकतर घर में प्लास्टिक से बनल चीजन के इस्तेमाल हो रहल बा। भंडारण खातिर बक्सा होखे, पानी के बोतल होखे, टिफिन होखे भा चॉपर बोर्ड, सब कुछ प्लास्टिक के बनल बा। जब सब्जी खरीदे जाइब त प्लास्टिक के पॉलीथीन आ प्लास्टिक के थैली मिल जाला। एह सब से पर्यावरण के सबसे ज्यादा नुकसान हो रहल बा। पृथ्वी के साफ सुथरा आ सुरक्षित राखे खातिर हर साल 22 अप्रैल के विश्व पृथ्वी दिवस मनावल जाला। अबकी बेर थीम बा प्लैनेट बनाम प्लास्टिक । अइसने में हमनी के जल्दी से जल्दी अपना घर से प्लास्टिक के सामान फेंक देवे के चाही। ई सब चीज खाली धरती के ना बलुक हमनी के स्वास्थ्य के भी नुकसान पहुँचा रहल बा।

प्लास्टिक के चॉपिंग बोर्ड- अधिकांश घर में प्लास्टिक के चॉपिंग बोर्ड के इस्तेमाल होखेला, जवन कि स्वास्थ्य खातीर नुकसानदेह साबित होखेला। जब रउआ एह प्लास्टिक के बोर्ड प सब्जी काटत बानी त सब्जी के संगे-संगे प्लास्टिक के छोट-छोट कण तौर शरीर में घुस जाला। कबो-कबो प्लास्टिक के चॉपिंग बोर्ड के साफ कइल मुश्किल हो जाला। एहसे स्वास्थ्य आ पर्यावरण के नजरिया से लकड़ी के चॉपिंग बोर्ड के इस्तेमाल करे के चाही।

प्लास्टिक के टिफिन- सबके घर में प्लास्टिक के टिफिन के भरमार मिली। हो सकेला कि ई टिफिन सस्ता होखे बाकिर स्वास्थ्य प एकर खराब असर पड़ेला । प्लास्टिक के टिफिन में राखल गरम खाना स्वास्थ्य खातीर नुकसानदेह होखेला। प्लास्टिक बनावे में बिस्फेनोफिल-ए नाम के जहरीला यौगिक के इस्तेमाल होखेला। जेकर कण शरीर तक पहुंच सकता आ कैंसर जइसन खतरनाक बेमारी पैदा क सकता। एह से आज से ही प्लास्टिक के जगह स्टील भा कांच के इस्तेमाल करीं।

प्लास्टिक के बोतल- आजकल लोग पानी पीये खातिर बोतल के इस्तेमाल करेला। सबके हाथ में प्लास्टिक के बोतल देखाई दिही। लइकन से लेके बड़ लोग तक प्लास्टिक के बोतल के इस्तेमाल सब लोग करेला। इ सब स्वास्थ्य खातिर नुकसानदेह साबित हो रहल बा। आज ही अपना रसोई में रखल प्लास्टिक के बोतल के इस्तेमाल बंद कर दीं। एकरा जगह स्टील, कांच भा तांबा के बोतल के इस्तेमाल करीं।

प्लास्टिक बैग पॉलीथीन- सब्जी भा राशन के दोकान खरीदे जाइब त माल प्लास्टिक के पॉलीथीन में ही मिल जाई। प्लास्टिक के पॉलीथीन प रोक लगा दिहल गइल तबो आजुओ छोट शहर आ दोकान में एकर बिक्री अंधाधुंध हो रहल बा। अइसने में रउरा ओह लोग के इस्तेमाल बंद कर देबे के चाहीं । सामान खरीदे खातिर घर से जूट भा कपड़ा से बनल थैली लेके चले के चाहीं आ प्लास्टिक के पॉलीथीन के ना कहे के चाहीं ।

Tags :
Banned PlasticBhojpuri khabarearthEarth DayKhabar Bhojpur NewsNatureplanet v/s plasticspecial newsstop using plasticToday's History
Advertisement
Next Article