टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

World Hepatitis Day 2024: काहे मनावल जाला विश्व हेपेटाइटिस दिवस? जानी एकर लक्षण कारण आ बचाव के उपाय

09:40 AM Jul 28, 2024 IST | Khabar Editor
Advertisement

हर साल दुनियाभर में 28 जुलाई के विश्व हेपेटाइटिस दिवस मनावल जाला । अइसे में हेपेटाइटिस के लक्षण जानल बेहद जरूरी बा।

Advertisement

World Hepatitis Day 2024: विश्व हेपेटाइटिस दिवस हर साल 28 जुलाई के मनावल जाला। ई दिन हेपेटाइटिस के बारे में जागरूकता फैलावे आ एह बेमारी से लड़े खातिर समर्पित बा। हेपेटाइटिस लिवर के एगो गंभीर बेमारी हs, जवन कि एगो वायरस के चलते होखेला। ई वायरस लिवर के नुकसान पहुंचावेला आ समय पs एकर इलाज ना कइला पs लिवर सिरोसिस आ कैंसर जइसन गंभीर बेमारी हो सकता।

विश्व हेपेटाइटिस दिवस के इतिहास

साल 2008 में पहिला बेर विश्व हेपेटाइटिस दिवस मनावल गइल। एह दिन के मनावे के मुख्य उद्देश्य रहे कि लोग के हेपेटाइटिस के खतरा के बारे में जागरूक कइल जाव आ एह बेमारी के रोकथाम आ नियंत्रण खातिर जरूरी कदम उठावे खातिर प्रेरित कइल जाव।

विश्व हेपेटाइटिस दिवस के महत्व

एह दिन लोग के हेपेटाइटिस के बारे में जाने के मौका मिलेला। एह दिन कई गो कार्यक्रम आ अभियान के माध्यम से लोग के हेपेटाइटिस के लक्षण, कारण आ रोकथाम के तरीका बतावल जाला। एकरा अलावे ई दिन सरकार आ स्वास्थ्य संगठन के हेपेटाइटिस के खिलाफ लड़ाई में आपन भूमिका निभावे खातीर प्रेरित करेला।

हेपेटाइटिस के प्रकार के बारे में जानी : 

हेपेटाइटिस के लक्षण

 

हेपेटाइटिस के रोकथाम

विश्व हेपेटाइटिस दिवस 2024 के थीम

विश्व हेपेटाइटिस दिवस 2024 के थीम हर साल बदलत रहेला । एह साल के थीम हs 'इट्स टाइम फॉर एक्शन'। एह थीम के उद्देश्य हेपेटाइटिस के बारे में जागरूकता फइलावे खातिर एगो विशिष्ट संदेश देवल हs ।

Tags :
28 JulyBhojpuri khabarhepatitis Ahepatitis Bhepatitis CIt's time for actionKhabar bhojpurikhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialliver diseasestdsworld hepatitis day
Advertisement
Next Article