For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

World Malaria Day: भारत में मलेरिया उन्मूलन परियोजना के अंतिम चरण आज से शुरू हो रहल बा, 28 राज्य रोग मुक्त होई।

08:18 AM Apr 25, 2024 IST | Raj Nandani
world malaria day  भारत में मलेरिया उन्मूलन परियोजना के अंतिम चरण आज से शुरू हो रहल बा  28 राज्य रोग मुक्त होई।
Advertisement

भारत में 2022 में मलेरिया के 33.8 लाख केस आ 5,511 लोग के मौत भइल, 2021 के तुलना में केस में 30% आ मौत में 34% के गिरावट आइल। 2017 के तुलना में मरीजन में 49% आ मौत में 50.5% कमी आइल बा।

Advertisement

देश के 12 राज्य के मलेरिया मुक्त बनावे खातिर केंद्र सरकार मच्छर के खिलाफ भारी अभियान चलावे जा रहल बिया। एकर शुरुआत विश्व मलेरिया दिवस (25 अप्रैल) प होई। एह अभियान खातिर सरकार के ग्लोबल फंड के माध्यम से 541 करोड़ रुपया के फंड मिलल बा। ई अभियान अप्रैल 2024 से मार्च 2027 ले नेशनल सेंटर फॉर वेक्टर बोर्न डिजीज कंट्रोल (NCVBDC) के देखरेख में चलावल जाई।

मलेरिया उन्मूलन परियोजना के तीसरा आ अंतिम चरण के शुरुआत दिल्ली, अरुणाचल प्रदेश, असम, मणिपुर, मिजोरम, मेघालय, त्रिपुरा, नागालैंड, झारखंड, छत्तीसगढ़, ओडिशा आ महाराष्ट्र में होई।

अभी भी टीका के इंतजार बा

दरअसल, प्लाज्मोडियम परजीवी से होखे वाला मलेरिया के बेमारी मादा एनोफिलिस मच्छर के काटला से फइल जाला। डाक्टर लोग के मानना बा कि मलेरिया के संक्रमण से मरीज के शरीर के लाल रक्त कोशिका के संक्रमित हो जाला। बोखार, ठंढा, सिरदर्द, मांसपेशी में दर्द आ थकान जईसन लक्षण महसूस कइल जाला। मलेरिया के अभी तक कवनो टीका नइखे, हालांकि एकरा के एगो संक्रामक बेमारी मानल जाला जवन कि 100 साल से जादे पुरान बा। हाल ही में आरटीएस नाम के टीका आइल बा जवना के अबहीं ले डब्ल्यूएचओ से मंजूरी नइखे मिलल । भारत में सीरम इंस्टीट्यूट ऑफ इंडिया आ भारत बायोटेक कंपनी टीका खोज में लागल बा।

 हो सकेला कि साल का आखिर ले 28 गो राज्यन के आजादी मिल जाव

अभी तक देश के 22 राज्य में मलेरिया संक्रमण के मामला में लगातार गिरावट आएल बा। एक साल से अधिका समय से पुडुचेरी आ लक्षद्वीप में कवनो नया केस नइखे मिलल । उम्मीद बा कि एह साल के अंत तक करीब 28 राज्य के मच्छर से होखेवाला बेमारी मलेरिया से मुक्त घोषित कइल जा सकता। उ कहले कि जब कवनो संक्रामक रोग से मुक्ति के घोषणा होखेला त प्रति एक लाख आबादी में कुल केस के गणना विश्व स्वास्थ्य संगठन के मानक के मुताबिक कइल जाला। जइसे कि अगर कवनो जिला में प्रति एक लाख आबादी में मलेरिया के औसत केस एक भा ओकरा से कम होखे त ओकरा के बेमारी मुक्त श्रेणी में मानल जाई ।

एक साल में मरीज में 30 प्रतिशत के कमी आईल

भारत में 2022 में मलेरिया के 33.8 लाख केस आ 5,511 लोग के मौत भइल, 2021 के तुलना में केस में 30% आ मौत में 34% के गिरावट आइल। 2017 के तुलना में मरीजन में 49% आ मौत में 50.5% कमी आइल बा। एकरा अलावा 2015 से 2022 के बीच मलेरिया केस आ मौत में क्रम से 85.1% आ 83.6% के गिरावट आइल बा।

अबहीं एगो लड़ाई बाचल बा 

विश्व स्वास्थ्य संगठन (डब्ल्यूएचओ) के क्षेत्रीय निदेशक सैमा वाजेद कहली कि, ए साल पूरा दुनिया मलेरिया दिवस के थीम 'न्यायपूर्ण दुनिया खाती मलेरिया के खिलाफ लड़ाई के तेज कईल' के संगे मनावल जाता। उ कहले कि समय रहते बेहतर आ सस्ता स्वास्थ्य सेवा पावे के अधिकार सभके बा। प्रभावित देशन के भेदभाव आ कलंक के तत्काल खतम करे के पड़ी आ स्वास्थ्य से जुड़ल निर्णय लेबे में समुदायन के शामिल करे के पड़ी ।

Tags :
Advertisement