टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Wow! अब महिला के हवाई जहाज में आपन पसंद के सीट चुने के आजादी मिल रहल बा

01:41 PM May 30, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

इंडिगो एयरलाइंस एगो बयान जारी कई के कहलस कि, 'इंडिगो के एगो नाया फीचर के लॉन्चिंग के घोषणा करत गर्व बा, एकर मकसद महिला यात्री खातीर यात्रा के अनुभव के आ आरामदायक बनावल बा।

Advertisement

अब महिला के फ्लाइट में बगल में बइठल पुरुष यात्री के अनचाहा स्पर्श के सामना ना करे के पड़ी। एकरा संगे-संगे जदी खिड़की के सीट से नजारा के मजा लेत बानी आ अचानक वाशरूम में जाए के पड़ता बाकी पुरुष यात्री के निकाल के उहाँ से निकले में संकोच महसूस करतानी तs अब ए स्थिति के चिंता ना करे के पड़ी। काहे कि इंडिगो फ्लाइट महिला यात्रियन के सुरक्षा आ आराम के पूरा ध्यान राखत बिया। इंडिगो महिला खातिर एगो खास पहल कइले बिया। एयरलाइन कंपनी इंडिगो महिला यात्री खातीर विशेष सुविधा देले बिया। एकरा तहत अब सीट बुक करे वाली महिला वेब चेक-इन के समय बाकी महिला यात्री के ओर से बुक कइल सीट के बारे में जान सकतारी। एहसे ओह लोग के आपन सीट चुने में आसानी हो जाई ।

एयरलाइन बुध के दिने जारी बयान में कहलस कि ओकर नया सुविधा के मकसद बा कि महिला यात्रियन खातिर यात्रा के अनुभव अधिका सुलभ बनावल जाव ।

महिला लोग के यात्रा के अनुभव के आ आरामदायक बनावे खातीर इंडिगो ए सुविधा के शुरुआत कइले बिया। इंडिगो के फ्लाइट में चढ़े से पहिले महिला अब देख सकेली कि वेब चेक इन के दौरान आ महिला यात्री के कवन सीट पहिलही बुक क लेले बिया। एह फीचर से महिला यात्री के अपना सुविधा के मुताबिक आपन सीट चुने में मदद मिली। एयरलाइन के कहनाम बा कि, बाजार के शोध के बाद इ फीचर पेश कइल गइल बा, ताकि "महिला यात्री खातीर उनकर यात्रा के अनुभव आ आरामदायक होखे।"

Tags :
Bhojpuri khabarBig Announcementbig newsIndiGoIndiGo AirlinesIndiGo FlightKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Newsबड़ी khabar
Advertisement
Next Article