For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बजरंग पूनिया दु महीना में दूसरका बेर सस्पेंड : एंटी-डोपिंग एजेंसी सैंपल ना देला के वजह से नोटिस देलस, 11 जुलाई तक जवाब मंगलस

04:39 PM Jun 23, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बजरंग पूनिया दु महीना में दूसरका बेर सस्पेंड   एंटी डोपिंग एजेंसी सैंपल ना देला के वजह से नोटिस देलस  11 जुलाई तक जवाब मंगलस
Advertisement

बजरंग पूनिया दु महीना में दूसरका बेर सस्पेंड : एंटी-डोपिंग एजेंसी सैंपल ना देला के वजह से नोटिस देलस, 11 जुलाई तक जवाब मंगलस

Advertisement

नेशनल एंटी-डोपिंग एजेंसी (NADA) पहलवान बजरंग पूनिया के सस्पेंड कs देले बा आ संगही नोटिसो भेजले बा।  बजरंग पूनिया मार्च में सोनीपत में भइल नेशनल ट्रायल के दौरान डोप टेस्ट खातिर आपन सैंपल ना देले रहस। जवना के बाद NADA ई एक्शन लेले बा। नोटिस के खिलाफ जवाब देवे खातिर बजरंग पूनिया के लगे 11 जुलाई तक के समय बा।

एकरा पहिले, 5 मई के NADA उनका के सस्पेंड कर दिया था। जब पिछिलका बेर NADA बजरंग के निलंबित कइले रहे, तs उनकर निलंबन अनुशासनात्मक पैनल कावर से रद्द कs दिहल गइल रहे, काहेकि उनका के नोटिस जारी ना कइल गइल रहे। अब NADA निलंबन के संगे-संगे बजरंग पूनिया के नोटिसो जारी कइले बा।

10 मार्च के ओलिपिंक गेम्स में हिस्सा लेवे खातिर भइल एशियन क्वालिफायर्स के नेशनल ट्रायल्स के दौरान NADA बजरंग से सैंपल देवे खातिर कहले रहे। बाकिर, बजरंग सैंपल देवे से इनकार कs देलें।

बृजभूषण पs यौन शोषण के आरोप लागल रहे

पहलवा ने WFI के पूर्व अध्यक्ष बृजभूषण पs महिला रेसलर्स के यौन शोषण के आरोप लगवले रहे लो। एकरा के लेके लेकर बजरंग पूनिया, विनेश फोगाट आ साक्षी मलिक के अगुआई में आंदोलन भइल। पहलवान लोग पहिले जंतर-मंतर पs धरना दिहल। एकरा बाद ओह लोगन के याचिका पs सुप्रीम कोर्ट आदेस देलस आ दिल्ली पुलिस बृजभूषण पs केस दर्ज कइलस।

एह ममिला के कोर्ट में सुनवाई चल रहल बा। एही दौरान WFI के चुनाव भइल तs बृजभूषण के करीबी संजय सिंह चुनाव जीत गइलें। जवना के बाद बजरंग के अलावा विनेश फोगाट आपन-आपन अवॉर्ड लवटा दिहल लो। ओहिजा साक्षी मलिक कुश्ती से संन्यास ले लेली।

बजरंग एशियन गेम्स बिना ट्रायल्स देले खेलले रहस

बजरंग पूनिया के पिछका साल चीन के हांगझोउ एशियन गेम्स के सेमीफाइनल मैच में हार मिलल रहे। एतनही ना, ब्रॉन्ज मेडल मैच में बजरंग के जापानी पहलवान के. यामागुची 10-0 से हरा देले रहस। उनका हार के बाद सोशल मीडिया पs कइयन लोग भड़क उठल रहे, क्योंकि एशियन गेम्स में भाग लेवे से पहिले ऊ कवनो प्रतिस्पर्धी मुकाबला में हिस्सा ना लेले रहस। उनका ट्रायल के बिना एह खेलन खातिर भारतीय दल में सामिल कइलो के लेके आलोचना भइल रहे।

कॉमनवेल्थ गेम्स- 2022 में जीतले रहस गोल्ड

बजरंग पूनिया टोक्यो ओलिंपिक में ब्रॉन्ज मेडल जीतले रहस। बर्मिंघम कॉमनवेल्थ गेम्स में ऊ भारत खातिर गोल्ड मेडल जीतले रहस। पुरुषन के फ्री स्टाइल 65 किलो भारवर्ग के फाइनल में बजरंग पूनिया कनाडा के एल. मैकलीन के 9-2 से मात देले रहस। बजरंग पूनिया के ई कॉमनवेल्थ गेम्स में लगातार दूसरका गोल्ड आ ओवरऑल तीसरका मेडल रहे, हालांकि ओह गोल्ड मेडल जीत के बाद से ऊ कुछ खास नइखन कs पाइल।

WFI चुनाव के लेके लवटवले रहस पद्मश्री अवॉर्ड

रेसलर बजरंग पूनिया प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के एगो चिट्‌ठी लिखके पद्मश्री अवॉर्ड लवटावे के ऐलान कइले रहस। एह चिट्‌ठी में बजरंग भारतीय कुश्ती संघ के अध्यक्ष के पद पs बृजभूषण के करीबी संजय सिंह के जीत के विरोध जतवले रहस।

तीन महीना पहिले प्रधानमंत्री आवास में एंट्री ना मिलला पs बजरंग आपन अवॉर्ड सामने फुटपाथ पs रख देले रहस। बजरंग कहलें, 'महिला पहलवानन के अपमान के बाद हम ऐसी सम्मानित जिनगी ना जी सकेम, एहिसे आपन सम्मान लवटा रहल बानी। अब हम एह सम्मान के बोझ तले नइखी जी सकत।'

Tags :
Advertisement