Wriddhiman Saha Retirement: ऋद्धिमान साहा कइलें संन्यास के एलान, रणजी होई आखिरी टूर्नामेंट, अइसन रहल करिअर
भारतीय विकेटकीपर-बल्लेबाज ऋद्धिमान साहा क्रिकेट के सब प्रारूपन से संन्यास लेवे के घोषणा कइले बाड़ें। ऊ कहलें कि जारी मवजूदा रणजी ट्रॉफी सत्र उनकर आखिरी टूर्नामेंट होई। 40 साल के साहा के टेस्ट में भारत के बेहतरीन विकेटकीपर्स में से एगो मानल जाला। उनकर करिअर बहुत बड़ तs ना रहल, बाकिर अपना कौशल से ऊ सभे के दिल जीतलें। साहा अतवार के एकर एलान अपना सोशल मीडिया हैंडल से कइलें। साहा 'क्रिकेट में सानदार यात्रा' आ बंगाल खातिर एह अंतिम सत्र के यादगार बनावे खातिर आभार व्यक्त कइलें।
साहा के टेस्ट क्रिकेट में एगो छोट बाकिर सानदार करिअर रहल बा। ऊ भारत खातिर 40 टेस्ट खेलले बाड़ें आ तीन गो शतक के मदद से 29.41 के औसत से 1,353 रन बनवले बाड़ें। एगो विकेटकीपर के रूप में अपना असाधारण कौशल खातिर जानल जाये वाला साहा खेल के सबसे लमहर प्रारूप से एमएस धोनी के रिटायरमेंट के बाद भारत के पहिला पसंद के कीपर-बल्लेबाज बन गइलें। ऊ टेस्ट में एगो भारतीय विकेटकीपर के ओर से बनावल गइल शतकन के ममिला में धोनी आ ऋषभ पंत के बाद तीसरका नंबर पs बाड़ें। हालांकि, अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में उनकर आखिरी उपस्थिति 2021 में न्यूजीलैंड के खिलाफ रहे। कुछ औसत प्रदर्शन के बावजूद साहा के दरकिनार कs दिहल गइल। मुख्य कोच राहुल द्रविड़ आ कप्तान रोहित शर्मा के तहत नया प्रबंधन केएस भरत के पंत के बैकअप के रूप में ले आवे के फैसला कइलस।
अपना यात्रा के इयाद करत साहा एक्स पs साझा कइलें, 'क्रिकेट में एगो यादगार यात्रा के बाद, ई रणजी सत्र हमार आखिरी होई। हम आखिरी बेर बंगाल के प्रतिनिधित्व कs के सम्मानित महसूस कs रहल बानी। संन्यास से पहिले खाली रणजी ट्रॉफी में खेल रहल बानी। एह अविश्वसनीय यात्रा के हिस्सा बने वाला सब लोगन के धन्यवाद। रउआ सभे के समर्थन हमरा खातिर बहुते मायने रखत बा।'
साहा के रणजी ट्रॉफी में बंगाल के तरफ से खेलल तय बा, बाकिर ऊ अगिला साल आईपीएल में नजर ना अइहें। गुजरात टाइटंस उनका रिटेन ना करे के फैसला लेले बा। साहा मेगा नीलामी खातिर रजिस्ट्रेशन नइखन करावले, जवन फ्रेंचाइजी क्रिकेट से उनका संन्यास के स्पष्ट संकेत बा। साहा आईपीएल 2008 से हर सीजन के हिस्सा रहल बाड़ें। ऊ एह लीग में कोलकाता नाइट राइडर्स, चेन्नई सुपर किंग्स, पंजाब किंग्स, सनराइजर्स हैदराबाद आ हाले में, गुजरात टाइटन्स के प्रतिनिधित्व कइले बाड़ें। आईपीएल में ऊ 170 मैच में 127.57 के स्ट्राइक रेट से 2934 रन बनवलें। एमे एगो शतक आ 13 अर्धशतक सामिल बा। एकरा अलावे ऊ भारत खातिर नव गो वनडे खेलले बाड़ें, जेमे 13.67 के औसत के संगे 41 रन बनवलें।
प्रथम श्रेणी क्रिकेट में बंगाल के प्रतिनिधित्व करत 15 साल बितवला के बाद, साहा पिछला सीजन में तब सुर्खी बटोरलें जब उनकर तबादला त्रिपुरा हो गइल। बंगाल क्रिकेट संघ (सीएबी) के एगो वरिष्ठ अधिकारी के संगे विवाद के कारण साहा के अस्थायी रूप से बंगाल छोड़े के पड़ल, जबकि सीएबी के पूर्व प्रमुख अभिषेक डालमिया उनका से कहीं आउर से खेले के अपील कइले रहस। हालांकि, भारत के पूर्व कप्तान आ बीसीसीआई के पूर्व अध्यक्ष सौरव गांगुली के संगे बातचीत के बाद साहा अपना नवहा साथियन खातिर एगो संरक्षक के भूमिका निभावत एगो अंतिम सत्र खातिर बंगाल लवटे के फैसला कइलें।