For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

WTC: बुमराह रचलें इतिहास, विश्व टेस्ट चैंपियनशिप में 100+ विकेट लेवे वाला पहिला भारतीय तेज गेंदबाज, कहलें ई बात

02:02 PM Feb 06, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
wtc  बुमराह रचलें इतिहास  विश्व टेस्ट चैंपियनशिप में 100  विकेट लेवे वाला पहिला भारतीय तेज गेंदबाज  कहलें ई बात
Advertisement

भारत इंग्लैंड के खिलाफ पांच मैचन के टेस्ट सीरीज में जबरदस्त वापसी करत दूसरका मुकाबला 106 रन से अपना नामे कइलस। विशाखापत्तनम में खेलल गइल दूसरका टेस्ट में जसप्रीत बुमराह के कहर देखे के मिलल। पहिलका पारी में तs उनका गेना के इंग्लिश बल्लेबाज समझइये ना पावल, जबकि दूसरका पारी में ऊ आ रविचंद्रन अश्विन टीम इंडिया के जीत के असली हीरो रहे लो। बुमराह विशाखापत्तनम टेस्ट के पहली पारी में छव आ दूसरका पारी में तीन विकेट लेलें। उनका के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल। एही के संगे ई स्टार भारतीय तेज गेंदबाज एगो खास मुकाम हासिल कइलस।

Advertisement

ऊ विश्व टेस्ट चैंपियशनशिप, जवन 2019 में सुरू भइल रहे, ओमे 100 से जादे विकेट लेवे वाला पहिला भारतीय तेज गेंदबाज आ ओवरऑल दूसरका भारतीय गेंदबाज बन गइल बाड़ें। उनका से आगे खाली अश्विन बाड़ें, जिनका नावे एह प्रतियोगिता में 157 विकेट बा। पहिला पारी में छठवां विकेट लेवतही बुमराह खास मुकाम हासिल कइलें। फिलहाल उनका नावे विश्व टेस्ट चैंपियनशिप में 24 मैचन में कुल 106 विकेट बा। ऊ एह प्रतियोगिता में 100+ विकेट लेवे वाले कुल मिलाकर नउवां गेंदबाज हवे। ओहिजा, तेज गेंदबाजन में ऊ सातवां स्थान पs बाड़ें। उनका से पहिले पैट कमिंस, मिचेल स्टार्क, स्टुअर्ट ब्रॉड, कगिसो रबाडा, टिम साउदी आ जेम्स एंडरसन ई मुकाम हासिल कs चुकल बा लो। एकरा अलावे दु स्पिनर नाथन लियोन आ अश्विन एह सूची में बा लो। लियोन डब्ल्यूटीसी में सबसे जादे विकेट लेवे वालन में शीर्ष पs बाड़ें। उनका नामे 174 विकेट बा।

विश्व टेस्ट चैंपियनशिप में सबसे जादे विकेट

गेंदबाज मैच विकेट   सर्वश्रेष्ठ गेंदबाजी

नाथन लियोन (AUS) 41 174 8/64
पैट कमिंस (AUS) 40 169 6/91
आर अश्विन (IND) 32 157 7/71
मिचेल स्टार्क (AUS) 36 142 6/66
स्टुअर्ट ब्रॉड (ENG) 33 134 6/31
कगिसो रबाडा (SA) 25 115 6/50
टिम साउदी (NZ) 27* 110 5/32
जेम्स एंडरसन (ENG) 32 107 6/40
जसप्रीत बुमराह (IND) 24 106 6/27
जोश हेजलवुड (AUS) 24 99 5/8

विश्व टेस्ट चैंपियनशिप में बुमराह के 100वां शिकार जॉनी बेयरस्टो रहलें। एतने ना बुमराह के टेस्ट में 150 विकेटो पूरा हो गइल बा आ उहां एह मुकाम के छूवे खातिर भारतीय तेज गेंदबाजन में सबसे कम समय लेले बा। बुमराह के नाम टेस्ट में ओवरऑल 34 टेस्ट में 155 विकेट बा आ 27 रन देके छह विकेट पारी में उनकर सर्वश्रेष्ठ गेंदबाजी रहल बा। उनका विशाखापत्तनम टेस्ट में प्लेयर ऑफ द मैच के अवॉर्ड दिहल गइल। मैच के बाद ऊ कहलें हम आंकड़न पs धेयान ना देवेनी। एगो जुवा के रूप में हम ई सब कइले रहनी आ ई  हमरा के उत्साहित कइले रहे, बाकिर अब ई एगो अलग बोझ बा। एगो जुवा खिलाड़ी के रूप में यॉर्कर पहिला गेना बा जवना के सीखले बानी। हम कइयन खेल के दिग्गजन के यॉर्कर के इस्तेमाल करत देखले बानी चाहे ऊ वकार, वसीम आ इहां तक कि जहीर खान होखस।

'बदलाव के दौर से गुजर रहल बानी सs'

बुमराह कहलें- हमनी के बदलाव के दौर से गुजर रहल बानी सs एहिसे हमरा लागत बा कि ई हमार जिम्मेदारी बा कि हम ओह लोगन के (नया खिलाड़ियन के) हर संभव मदद कs सकीं। हमनी के कुछ चीजन पs चरचा करत बानी सs। हम लमहर समय से उनका (रोहित) संगे खेल रहल बानी। एंडरसन के संगे मैच में आपन प्रतिस्पर्धा पs बुमराह कहलें- अइसन कुछ नइखे। एगो क्रिकेटर होखे से पहिले हम तेज गेंदबाजी के फैन बनाई। जदि के अच्छा कs रहल बा, तs ओकरा बधाई मिले के चाहीं। हम इस्थिति आ विकेट के देखेनी आ सोचत बानी कि हमरा लगे का विकल्प बा। हमरा खाली एगो चीज नइखे करत रहत।

मैच में का भइल?

विशाखापत्तनम में खेलल गइल दूसरका टेस्ट के बात करीं तs भारतीय टीम यशस्वी जायसवाल के दोहरा शतक के बदौलत पहिली पारी में 396 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में इंग्लैंड के टीम अपना पहिली पारी में 253 रन बनाके ऑलआउट हो गइल। भारत के पहिला पारी में 143 रन के बढ़त मिलल। टीम इंडिया अपना दूसरका पारी में गिल के शतक के दम पs 255 रन बनवलस आ इंग्लैंड के सामने 399 रन के लक्ष्य रखलस फेर इंग्लिश टीम के 292 पs समेट के भारत मैच अपना नामे कइलस। भारत के ओर से बल्लेबाजी में यशस्वी आ शुभमन के बाद गेंदबाजी में जसप्रीत बुमराह आ रविचंद्रन अश्विन के कमाल देखे के मिलल। तीसरका टेस्ट 15 फरवरी से राजकोट में खेला जाई।

Tags :
Advertisement