WTC Points Table: भारत के फाइनल में पहुंचे के केतना उम्मीद बा बाकी, अभियो तालिका में तीसरका स्थान पs बा मवजूद
भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच ब्रिसबेन के गाबा मैदान पs खेलल गइल तीसरका टेस्ट मैच ड्रॉ पs समाप्त हो गइल बा। एह मुकाबला के बाद भारतीय टीम विश्व टेस्ट चैंपियनशिप (डब्ल्यूटीसी) अंक तालिका में तीसरका स्थान पs मवजूद बिया। भारत के हालांकि अभियो डब्ल्यूटीसी के फाइनल में पहुंचे के उम्मीद जिंदा बा आ ऊ दूसरका स्थान पs रहके एकरा खातिर क्वालिफाई कs सकत बा।
तीसरका टेस्ट रहल ड्रॉ
भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच तीसरका टेस्ट ड्रॉ पs समाप्त भइल। ऑस्ट्रेलिया भारत के सामने 275 रन के लक्ष्य रखले रहे। जवाब में भारत अपना दूसरका पारी में बिना विकेट गंववले आठ रन बना लेले रहे। बाकिर, एकरा बाद बरखा आगे के खेल ना होखे देलस आ दूनो कप्तान मैच के ड्रॉ पs समाप्त करे के फैसला लिहल लो। टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करत ऑस्ट्रेलिया पहिला पारी में 445 रन बनवले रहे। जवाब में भारत के पहिला पारी 260 रन पs समाप्त भइल। ऑस्ट्रेलिया के दूसरा पारी में 185 रन के बढ़त हासिल भइल। दूसरका पारी में ऑस्ट्रेलिया सात विकेट गंवाके 89 रन बनवलस आ ओकर कुल बढ़त 274 रन रहल। ई पूरा मैच बरखा से बाधित रहल।
ऑस्ट्रेलिया भारत से आगे
भारत आ आस्ट्रेलिया के बीच तीसरका टेस्ट ड्रॉ रहला के बावजूद ऑस्ट्रेलिया टीम डब्ल्यूटीसी के अंक तालिका में दूसरका स्थान पs बा। दुनो टीम अंक बांटे पs मजबूर भइली सs। ड्रॉ होखला से भारत के डब्ल्यूटीसी अंक प्रतिशत में गिरावट आइल आ ओकर पीसीटी 57.29 से 55.88 पहुंच गइल बा। भारत अंक तालिका में तीसरका स्थान पs बनल बा आ दक्षिण अफ्रीका शीर्ष पs मवजूद बा।
कवना तरे फाइनल में पहुंच सकत बा भारत?
डब्ल्यूटीसी 2023-25 चक्र के फाइनल में पहुंचे खातिर भारत के अगिला दु मैचन में हार से बचे के होई। भारत बाकी दु मैचन में एगो ड्रॉ आ एगो जीत दर्ज कs सकी तs ओकर उम्मीद बनल रही। गाबा टेस्ट ड्रॉ रहला के बाद अब भारत अधिकतम 138 अंक हासिल कs सकत बा आ ओकर पीसीटी 60.52 पहुंच सकत बा, जदि ऊ ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ मेलबर्न आ सिडनी टेस्ट में जीत दर्ज करे में सफल रहल। रोहित शर्मा के अगुआई वाली टीम अगर अगिला दु मैच जीते में सफल रहल तs ऊ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी 3-1 से अपना नावे कs ली।
सीरीज ड्रॉ रहल तs भारत के होई मुश्किल
जदि भारत ऑस्ट्रेलिया के 3-1 से हरावे में सफल रहल तs ओकर पीसीटी 60.52 हो जाई, जबकि ऑस्ट्रेलिया जदि श्रीलंका के खिलाफ आपन दु टेस्ट जीते में सफल रहबो कइल तs ओकर अधिकतम पीसीटी 57 रही आ गत चैंपियन टीम फाइनल के दउड़ से बाहर हो जाई। जदि भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच सीरीज 2-2 से ड्रॉ रहल तs भारत के पीसीटी 57.01 होई आ ओकर अंक 126 होई। अइसन में ऑस्ट्रेलिया सीरीज के अंत में 130 अंकन के संगे आगे हो जाई आ भारत डब्ल्यूटीसी फाइनल के दउड़ से बाहर हो जाई।