टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

पापा के पहिला बेर नेशनल अवॉर्ड मिलला पऽ भाउक भइली यामी गौतम

09:25 AM Oct 09, 2024 IST | Sonu Kishor
यामी गौतम आ उनकर पापा मुकेश गौतम - फोटो : इंस्टाग्राम @yamigautam
Advertisement

यामी गौतम टीवी सीरियल ‘चांद के पार चलो’ अउरी ‘ये प्यार ना होगा कम’ से अभिनय शुरू कइली। बॉलीवुड में आपन करियर के शुरुआत फिल्म ‘विकी डोनर’ से कइली। अभिनेत्री आज अपना दम पऽ इंडस्ट्री में आपन छाप छोड़ले बाड़ी। अब हाल ही में अभिनेत्री यामी गौतम अपना पिता आ फिल्म निर्माता मुकेश गौतम के पहिला राष्ट्रीय फिल्म अवार्ड मिलला पऽ खुशी जतवले बाड़ी आ कहली कि पूरा परिवार के पापा पऽ गर्व बा।

Advertisement

यामी गौतम के पिता के 70वां राष्ट्रीय फिल्म अवार्ड में अपना फिल्म बागी दी धी खातिर सर्वश्रेष्ठ पंजाबी फिल्म अवार्ड मिलल। मंगर के दिने नई दिल्ली के विज्ञान भवन में 70वां राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार समारोह के आयोजन भइल। राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू पुरस्कार विजेता लोग के सम्मानित कइली। यामी इंस्टाग्राम पऽ अपना पापा खातिर एगो भाउक पोस्ट शेयर कइली।

अभिनेत्री ए आयोजन में शामिल ना हो पवली, बाकिर उऽ अपना पिता के इ अवार्ड मिलत देख के खास पल के कैप्चर कऽ के क्लिप के अपना इंस्टाग्राम पऽ पोस्ट कइली। टेलीविजन पऽ एह समारोह के देखत यामी लाइव टेलीकास्ट के तस्वीर साझा कइली। उऽ कहली कि उऽ अपना पिता के मंच पऽ देख के बहुत भाउक हो गइली आ कहली कि उनका अपना पापा पऽ बहुत गर्व बा।

अभिनेत्री लिखली कि, इ बहुत भाउक पल रहे, काहेंकी हमार पापा मुकेश गौतम के उनका फिल्म - बागी दी धी खातिर निर्देशक के रूप में पहिला राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल।

Tags :
#entertainmentnews #bollywoodnewsEntertainmentEntertainment Entertainment newskhabar bhojpuri khabar bhojpuri newsNATIONAL AWARDSYami Gautam
Advertisement
Next Article