टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

हरियाणा: शराब पीए के बाद भइल उलटी,६ के मउत; पुलिस के सूचना दिहले बिना ६ लोगन के अंतिम संस्कार

10:24 AM Nov 09, 2023 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

पिछला दू दिन में हरियाणा के यमुनानगर जिला में जहरीला शराब के संदिग्ध सेवन के चलते 6 लोग के मउत हो चुकल बा। बतावल जाता कि जिला के मंडेबरी अवुरी पंजेटा के माजरा गांव में संदिग्ध जहरीला शराब पी के 6 लोग उल्टी कs देले रहले। एकरा कुछ देर बाद पांच लोग के मउत हो गईल। तीन गो अउरी लोग के निजी अस्पताल ले जाइल गइल जवना में एक आदमी के मउत हो गइल। बतावल जाता कि मरेवाला के परिवार के लोग सुरेश कुमार, सोनू, सुरिंदर पाल, स्वर्ण सिंह अवुरी मेहर चंद बिना पोस्टमार्टम कईले लाश के अंतिम संस्कार कs देले।

Advertisement

संदिग्ध जहरीला शराब बनल काल 

संगही पुलिस के कहनाम बा कि अबे जांच जारी बा अवुरी कुछ लोग के पूछताछ खातीर हिरासत में लिहल गईल बा। यमुनानगर के पुलिस अधीक्षक गंगा राम पूनिया कहले कि, बुधवार के दुपहर में अस्पताल से एगो आदमी के मउत के जानकारी मिलल। एकरा के संदिग्ध जहरीला शराब के चलते मउत के मामिला बतावल गईल।'' जांच के दौरान पुलिस के जिला के दु गांव से जानकारी मिलल कि मंगलवार के अवुरी दु लोग के अंतिम संस्कार भईल।

असली कारण पोस्टमार्टम के बाद पता चल जाई

एसपी बतवले कि ए पांच मामिला के संगे पुलिस अस्पताल के ओर से बतावल गईल मामिला के संदिग्ध जहरीला शराब के सेवन से भईल मउत के मामिला मानतिया। हालांकि मउत के सही कारण पोस्टमार्टम के बाद पता चल जाई अवुरी पुलिस जांच शुरू कs देले बिया।

 

 

 

Tags :
Crime NewsHARYANAIllicit LiquorYamunanagar
Advertisement
Next Article