For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Mohsin Khan: 31 साल के एक्‍टर भइले हार्ट अटैक के श‍िकार

07:33 AM Aug 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
mohsin khan  31 साल के एक्‍टर भइले हार्ट अटैक के श‍िकार
Advertisement

Advertisement

टेलीविजन अभिनेता मोहसिन खान के रउरा जानत होखब. भारत के पसंदीदा टीवी सीरियल "ये रिश्ता क्या कहलता है" में उs कार्तिक गोयनका के किरदार निभवले रहले। हाल ही में मोहसिन खान अपना स्वास्थ्य से जुड़ल एगो चौंकावे वाला खुलासा कईले बाड़े। उs बतवले कि 31 साल के उमिर में उनुका दिल के दौरा पड़ल बा।

डॉक्टर बतवले कि उनुका फैटी लि‍वर हो गइल बा अवुरी इहे हार्ट अटैक के पीछे मुख्य कारन बा। फैटी लिवर से दिल के दौरा पड़े के खतरा बढ़ सकता, काहेंकी एकरा चलते धमनियन में कोलेस्ट्रॉल जमा हो जाला, जवन कि दिल में खून के बहाव के रोक सकता। फैटी लिवर के बेमारी, खास तौर पs गैर-अल्कोहल के बेमारी, वैश्विक स्तर पs बढ़ रहल बा। खानपान में गलती अवुरी व्यायाम के कमी के चलते फैटी लि‍वर हो सकता, बाकिर शराब ना पिए वाला लोग में भी इs हो सकता, जवना के चलते इs एगो खामोश बाकिर खतरनाक स्थिति हो सकता। मोहसिन के मामला में इd बेमारी एतना बढ़ गईल रहे कि उनुकर दिल प्रभावित हो गईल, जवना के चलते दिल के दौरा पड़ गईल।

Tags :
Advertisement