For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

यूपी के 24 जिलन में बरखा के यलो अलर्ट : ओला गिरे के बा संभावना, 4 दिन उइसने रही मौसम; 40 KM के स्पीड से हवा चली

02:16 PM Feb 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
यूपी के 24 जिलन में बरखा के यलो अलर्ट   ओला गिरे के बा संभावना  4 दिन उइसने रही मौसम  40 km के स्पीड से हवा चली
Advertisement

यूपी के मौसम में आज से फेर उलटफेर के आसार बा। मौसम विभाग सोमार के प्रदेश के 24 शहरन में बरखा के यलो अलर्ट जारी कइले बा। एह शहरन में जादेतर जिला पश्चिमी यूपी के बा। एकरा अलावे, कुछ जगह बरखा के संगे ओलावृष्टियो हो सकत बा। एकरा पहिले 13 फरवरी के यूपी में 1.5 मिमी. औसत बारिश रिकॉर्ड कइल गइल रहे। माने, करीब छव दिन बाद फेर से बरखा हो सकत बा।

Advertisement

मौसम विभाग का अनुमान बा कि अगिला 4 दिन माने 23 फरवरी तक कमोबेश मौसम अइसने रही। 1.5 मिमी के तुलना में औसत दोगुना बरखा होखे के अनुमान बा। एकरा अलावे, 30-40 किमी. प्रति घंटा के रफ्तार से तेज हवा चल सकत बा। मौसम बिगड़ला से फसलन के नुकसान होई। एकरा अलावे, सादियन के बेवस्थो में दिक्कत आ सकत बा।

एने, प्रदेश में दिन आ रात में तापमान के अंतर बढ़त जा रहल बा। 24 घंटा में 29.6 डिग्री के संगे आगरा सबसे गरम जिला रहल बा। ओहिजा, मुजफ्फरनगर में रात के तापमान 7.8 डिग्री रहल, जवन सबसे ठंडा रहे। माने, दिन आ रात के तापमान में करीब 22 डिग्री सेल्सियस के अंतर रहल बा।

कानपुर में तेज हवा चल रहल बा। घाम निकलल बा।
कानपुर में तेज हवा चल रहल बा। घामो निकलल बा।

आज एह जिलन में बरसी बादल

मौसम विभाग के मोताबिक, आगरा, अलीगढ़, अमरोहा, बदायूं, बागपत, बरेली, बिजनौर, बुलंदशहर, एटा, फिरोजाबाद, गाजियाबाद, हापुड़, हाथरस, कासगंज, मैनपुरी, मथुरा, मेरठ, मुरादाबाद, मुजफ्फरनगर, रामपुर, सहारनपुर, संभल, गौतमबुद्धनगर आ सामली में बरखा के येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा।

बिहान (मंगर) के एह जिलन में मौसम होई बहुत खराब

तेज बरखा : आगरा ,अलीगढ़, अमरोहा, औरैया, बागपत, इटावा, फर्रुखाबाद, फिरोजाबाद, गौतमबुद्ध नगर, गाजियाबाद, हापुड़, हरदोई, जालौन, कन्नौज, कानपुर देहात, कानपुर नगर, कासगंज, लखीमपुर खीरी, लखनऊ, मैनपुरी, मुरादाबाद, पीलीभीत, रामपुर, सहारनपुर, संभल, शाहजहांपुर, सीतापुर, उन्नाव।
ओलावृष्टि : आगरा ,अलीगढ़, बागपत, बिजनौर, एटा, फिरोजाबाद, हाथरस, मथुरा, मेरठ, मुजफ्फरनगर, सहारनपुर, शामली।
आकाशीय बिजली : अमेठी, अयोध्या, बहराइच, बलरामपुर, बाराबंकी, बस्ती, गोंडा, रायबरेली, सिद्धार्थ नगर, श्रावस्ती।

प्रमुख शहरन के तापमान एह तरे बा

शहर  अधिकतम  न्यूनतम
अलीगढ़  26.6°C  10.6°C
बरेली  25.8°C  10.1°C
गोरखपुर  26.1°C  9.2°C
कानपुर  28.0°C  12.3°C
लखनऊ  28.4°C  10.2°C
मेरठ  26.5°C  8.2°C
प्रयागराज  29.8°C  11.4°C
वाराणसी  28.8°C  11.7°C

Tags :
Advertisement