सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन
कहल जाला कि आँख दिल के दर्पण हs। चेहरा के सुंदरता के कायम राखे में आंख के बहुत बड़ भूमिका होखेला। बाकिर जदी इs आंख कमजोर चाहे थक गईल देखाई देला तs चेहरा के चमक भी कम होखे लागेला। अगर आप भी अपना चेहरा के चमक अवुरी आंख के सुंदर अवुरी तेज राखल चाहतानी तs एs 3 गो योग आसन के अपना दिनचर्या में शामिल करीं।
आंख के तेज आ खूबसूरत बनाए रखले खातीर करीं इs योगासन
सर्वांगासन
सर्वंगासन करे खातिर पहिले योग चटाई पs शवासन में लेट जाइ। एकरा बाद दुनो हाथ जांघ के बगल में अवुरी हथेली के जमीन पs राख के घुटना से गोड़ मोड़ के पीठ के कंधा ले उठाई। शरीर के उभरल हिस्सा के सहारा देत दुनो हाथ कमर से नीचे राखे के चाही अवुरी ठोड़ी के छाती के नजदीक राखे के चाही। अइसन करत घरी लगातार साँस लेत रहीं. एकरा बाद घुटना से गोड़ मोड़ के माथे के लगे वापस ले आईं, हाथ के जमीन पs राखत धीरे-धीरे शरीर अवुरी गोड़ के शवासन में ले आईं। एह आसन के करत घरी आपन आँख खुलल राखीं. एs आसन के कईला से आंख के रोशनी में सुधार होखेला अवुरी आदमी के चिड़चिड़ापन भी दूर हो जाला।
शवासन
शवासन करे खातिर पहिले शांत मन से योग चटाई पs पीठ के बल लेट जाईं। एकरा बाद गोड़ ढीला छोड़ के कंधा के शरीर के नजदीक राखे के चाही। अयीसन करत घरी अपना शरीर के फर्श पs पूरा तरीका से स्थिर होखे दीं। एह आसन के कइला से शरीर के थकान दूर हो जाला आ आँख के भी आराम मिलेला।
प्राणायाम
प्राणायाम करे खातिर आदमी के पद्मासन आ सिद्धासन के मुद्रा में बइठे के चाहीं। अयीसन कईला से मन स्थिर रहेला अवुरी आंख के दृष्टि भी ठीक रहेला।
गर्दन के सीधा रखत अपना आँख के पुतली के पहिले ऊपर नीचे आ ओकरा बाद बाईं आ दाईं ओर 4-6 बेर हिलाईं.एकरा बाद घड़ी के दिशा में दाहिने बाईं ओर आ घड़ी के दिशा के विपरीत दिशा में 4-6 बेर घुमाईं।आँख के घुमावत घरी कुछ समय ले हथेली के बीच के हिस्सा से आंख के ढंक लीं, अयीसन कईला से आंख के मांसपेशी मजबूत रही। कंप्यूटर प काम करत घरी हर 10 मिनट में कम से कम 20 फीट दूर देखल जाए, एहसे आपके आंख के दूरी के दृष्टि बनल रही।