For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

सबेरे-सबेरे: कपार पs हाथ फेरते हाथे में आ जाला बाल, तs करीं ई योगासन

08:35 AM Sep 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
सबेरे सबेरे  कपार पs हाथ फेरते हाथे में आ जाला बाल  तs करीं ई योगासन
झड़त बाल खातिर योगासन: फोटो
Advertisement

Advertisement

बाल गिरल एगो आम समस्या हs जवन बहुत लोग के परेशान करेला। अइसन कई कारण से हो सकेला, जइसे कि बेमारी, पोषण के कमी, तनाव आ अउरी आहार के कमी। बाल गिरला से बचावे खातिर आपके अपना खानपान, जीवनशैली अवुरी संतुलित देखभाल के ध्यान राखे के चाही। सही पोषण, बाल के सही देखभाल अवुरी नियमित रूप से धूप अवुरी व्यायाम के संपर्क में रहला से बाल गिरल कम हो सकता। अगर आपके बाल के झड़ल बहुत जादा बा तss डॉक्टर से सलाह लिहल सबसे निमन होई।

योग बाल के स्वास्थ्य में सुधार अवुरी बाल के बढ़े में मदद कs सकता। योग के अभ्यास से आपके शरीर संतुलित रहेला, जवना से बाल के स्वास्थ्य में भी सुधार होखेला। एह लेख के माध्यम से कुछ योग आसन बतावल जा रहल बा, जवन बाल के स्वास्थ्य में सुधार करेला, जवना से बाल गिरल कम हो जाला अवुरी मोट अवुरी लंबा हो सकता।

उत्तानासन

उत्तानासन: फोटो
उत्तानासन: फोटो

एह आसन में गोड़ सीधा राख के आगे झुके के पड़ेला। इs आसन ना खाली बाल के सेहत में सुधार करे में मदद करेला बालुक पीठ अवुरी पेट के मांसपेशी के मजबूत करेला।

बलासन

बालासन: फोटो

इ आसन तनाव कम करे अवुरी दिमाग के शांत करे में मदद करेला, जवना से बाल गिरल भी कम हो सकता। एह आसन के करे खातिर घुटना मोड़ के वज्रासन मुद्रा में बइठ के हाथ के ऊपर के ओर ले जाके गहिरा साँस लिहल जाला।

वज्रासन

वज्रासन: फोटो

इs साधारण योग बाल के बढ़े में सुधार करेला। पेट से जुड़ल समस्या के कम करेला, जवन कि पतला अवुरी गिरल बाल के मुख्य कारण होखेला। एह आसन के करे खातिर घुटना जमीन पs रख के बईठे के चाहीं। हथेली के ऊपरी जांघ पs रखी। 5-10 मिनट ले ध्यान मुद्रा में बईठी।

अस्वीकरण: सलाह समेत ई लेख खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरीका से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प ना हs। आगे के जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नईखे लेत।"

Tags :
Advertisement