टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

सबेरे-सबेरे: आसानी से पिघल सकेला शरीर के चरबी, रोज करीं इs योगासन 

08:16 AM Sep 06, 2024 IST | Minee Upadhyay
पेट के चरबी कम करे खातीर योगासन :फोटो
Advertisement

 

Advertisement

रोजाना योग स्वस्थ जीवनशैली के एगो हिस्सा हs। शारीरिक अउरी मानसिक रूप से स्वस्थ रहे के इs एगो सबसे निमन तरीका बा। आजकल अधिकांश लोग अपना पेट के मोटापा से परेशान बाड़े। हालांकि इs लोग पेट के चरबी कम करे के उपाय करेले, बाकीर वजन अउरी पेट के कमी के चलते जल्दीए इs लोग किनारा कs देले। अयीसना में योग आपके खातीर सबसे उपयोगी अउरी बेहद फायदेमंद हो सकता। इs आपके समग्र स्वास्थ्य खातीर फायदेमंद बा अउरी आपके ताकत बढ़ावे, लचीलापन में सुधार, तनाव के प्रबंधन अउरी शरीर के टोन करे में भी मदद कs सकता। अगर आप पेट के चरबी कम करे के कोशिश करतानी तs योग आपके खातीर एगो बढ़िया समाधान हो सकता। इहाँ ३ गो योग आसन के सूची दिहल गईल बा, जवन कि आपके पेट के चरबी कम करे में मदद कs सकता।

 1) नौकासन

नौकासन: फोटो

नौका के मतलब होला नाव आ ‘सूरज’ के आसान होला। रउरा तs पहिलहीं से समझ में आ गइल होखी कि ई नाव जइसन योग मुद्रा हs| एह आसन में राउर शरीर नाव के आकार ले लेला। इs सबसे कारगर आसन में से एगो हs जवन पेट के चरबी कम करे में मदद करेला। इs शरीर के गर्दन से जांघ ले जोड़ेला। इs आसन आपके कोर मांसपेशी के मजबूत करे में मदद करेला, खून के संचार में सुधार करेला अउरी पाचन में मदद करेला।

2) भुजंगासन

भुजंगासन: फोटो

एह मुद्रा के कोबरा स्ट्रेच भी कहल जाला। भुजंगासन एगो अउरी बढ़िया आसन हs जवन पेट के चरबी कम करे में मदद करेला। इs बैक बेंडिंग आसन हs जवन पेट के इलाका के भी निशाना बनावेला। इs राउर पीठ के मजबूत राखे खातीर उपयोगी बा अउरी एकरा के खून के संचार अउरी लचीलापन में सुधार खातीर भी जानल जाला।

3) कुंभकासन

कुंभकासन: फोटो

पेट के चरबी कम करे खातिर आप एगो अउरी योग मुद्रा कुंभकासन कs सकतानी। एकरा के प्लैंक पोज भी कहल जाला। एह आसन के नियमित अभ्यास से वजन घटावे में मदद मिलेला, कमर दर्द कम होखेला, कोर मांसपेशी मजबूत होला अउरी शरीर के संतुलन अउरी लचीलापन में सुधार होला।

अस्वीकरण: सलाह समेत ई लेख खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरीका से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प ना हs। आगे के जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी नईखे लेत।"

 

Tags :
Good Morning NewsGood Morning Yoga NewsHealthLifestyleLifestyle Newslifestyle news in bhojpuriMorning Yoga Newsyoga and healthYoga for healthyoga tipsyoga tips to weight loss
Advertisement
Next Article