टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

समीक्षा बैठक: CM योगी के निर्देश- खिचड़ी मेला में भी झलकी गोरक्षनगरी के समृद्धि

01:02 PM Dec 23, 2024 IST | Minee Upadhyay
गोरखनाथ मंदिर
Advertisement

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ कहले कि मकर संक्रांति से लेके महाशिवरात्रि ले चले वाला खिचड़ी मेला गोरखपुर के विकास के ब्रांडिंग के भी एगो महत्वपूर्ण मौका होई। इहाँ के सकारात्मक बदलाव के ब्रांडिंग भी खिचड़ी मेला में देखाई देवे के चाही। प्रशासन के कोशिश होखे कि मेला में आवे वाला सभे भक्त, गोरखपुर के अविस्मरणीय सकारात्मक छवि अपना मन में राखे।

Advertisement

उs कहले कि जवना सभ विभाग के भक्त के सुरक्षा, आराम अवुरी सुविधा के जिम्मेवारी दिहल गईल बा, उs सभ हालत में 25 दिसंबर ले आपन सभ तैयारी पूरा करे के चाही। मुख्यमंत्री खिचड़ी मेला के प्लास्टिक मुक्त आयोजन बनावे के निर्देश भी देले।

सीएम योगी अतवार के साँझ गोरखनाथ मंदिर के विधानसभा हॉल में मकर संक्रांति के होखे वाला विश्व प्रसिद्ध पारंपरिक खिचड़ी मेला के तैयारी के समीक्षा करत रहले। मुख्यमंत्री कहले कि खिचड़ी मेला में खाली पूर्वी उत्तर प्रदेश से ना बालुक बिहार, नेपाल अवुरी देश-दुनिया के सनातन अनुयायी के आस्था बा।

एकरा के देखत मेला में सभ मूलभूत सुविधा के व्यवस्था होखे के चाही, ताकि मेला में आवे वाला श्रद्धालु के बेहतर सुविधा दिहल जा सके।

मुख्यमंत्री कहले कि सुरक्षा अवुरी सभ सुविधा पs पूरा ध्यान देवे के चाही। सुरक्षा के पर्याप्त व्यवस्था आ यातायात प्रबंधन के अलावा भक्तन के आवाजाही खातिर मजबूत सड़क, शौचालय, सफाई, अलाव, लंगर आदि के व्यवस्था करे में कवनो लापरवाही ना होखे के चाहीं।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: अंगूरी आ कलाइ के दर्द से छुटकारा पावे खातीर जरूर करीं इs 3 गो योगासन

Tags :
devotionGorakhnathGorakhnath fairGorakhnath Templegorakhpur newsGorakhpur News in BhojpuriKhichdi fair in GorakhnathMahashivratriUttar Pradeshyogi adityanathउत्तर प्रदेशगोरखनाथगोरखनाथ मंदिरगोरखनाथ में खिचड़ी का मेलागोरखनाथ मेलागोरखपुर न्यूज़गोरखपुर न्यूज इन भोजपुरीमहाशिवरात्रियोगी आदित्यनाथश्रद्धा
Advertisement
Next Article