टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

चुनाव खत्‍म होखते एक्‍शन में योगी सरकार, यूपी के एह जिला में दू अधि‍कार‍ियन सह‍ित चार निलंबित; काहे भइल कार्रवाई?

10:18 AM Jun 06, 2024 IST | Sonu Kishor
Lucknow, May 24 (ANI): Uttar Pradesh Chief Minister Yogi Adityanath addresses during the inauguration of the Krishak registration app for various services, at Lok Bhawan, in Lucknow on Wednesday. (ANI Photo)
Advertisement

भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के मामला में कार्रवाई कइल गइल बा। मामला यूपी के बुलंदशहर के हऽ। खाद्य आ रसद आयुक्त सौरभ बाबू बतवले कि बुलंदशहर में भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के शिकायत पs जिलाधिकारी अपर जिलाधिकारी (प्रशासन) के अध्यक्षता में समिति के गठन कर के जांच करवले रहले।

Advertisement

बुलंदशहर में भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के मामला में जिला खाद्य विपणन अधिकारी जिया अहमद करीम, विपणन निरीक्षक सुधीर कुमार, पूर्ति निरीक्षक विवेक श्रीवास्तव के साथही जिलापूर्ति अधिकारी सुनील सिंह के निलंबित करत विभागीय कार्यवाही शुरू कइल गइल बा।

खाद्य एवं रसद आयुक्त सौरभ बाबू बतवले कि बुलंदशहर में भारतीय खाद्य निगम के गोदाम से राशन के कालाबाजारी के शिकायत पs जिलाधिकारी अपर जिलाधिकारी (प्रशासन) के अध्यक्षता में समिति के गठन कऽ के जांच करवले रहले।

जांच में भइल कालाबाजारी के खुलासा 

एह मामले में डिपो प्रभारी शालिनी पचौरी, क्षेत्रीय विपणन अधिकारी इंद्रपाल सिंह, विपणन निरीक्षक गौरव कुमार, विनोद कुमार दोहरे, मुकेश कुमार, राजीव शर्मा आ मनोज कुमार के विरुद्ध खाद्यान्न भेजे में लापरवाही आ अभिलेखन के उचित रख-रखाव ना करे के लेके विभागीय कार्यवाही के संस्तुति कइल गइल। समिति के जांच में जिला के सदर ब्लॉक में सिंगल स्टेज परिवहन व्यवस्था में सार्वजनिक वितरण प्रणाली के सरकारी खाद्यान्न की कालाबाजारी आ दुरुपयोग पावल गइल।

एह मामला में हैंडलिंग परिवहन ठेकेदार रविंद्र सिंह, सुधीर कुमार, विपणन निरीक्षक बुलंदशहर, अंकुर सिंह, शिवकुमार, वकील खां, पिंकी, पवन के विरुद्ध सरकारी खाद्यान्न के कालाबाजारी आ दुरुपयोग करे खातिर अभियोग पंजीकृत करावल गइल बा।

Tags :
Aditya nath YogiBulandshahr Uttar Pradeshcm adityanathuttar pradesh newsUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article