टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

खाना में थूक मिलावे वाला पs योगी सरकार भइल सख्त, प्रदेश में ला सकेला अध्यादेश

02:14 PM Oct 15, 2024 IST | Minee Upadhyay
मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ: फोटो
Advertisement

 

Advertisement

उत्तर प्रदेश के योगी सरकार खाना में थूक मिलावे भा थूक मिला के खाना परोसे के बढ़त घटना के लेके सख्त हो गईल बिया। अइसना में अब योगी सरकार ओकरा खिलाफ नया कानून ले आ सकेले. एकरा खातिर सीएम योगी आजु लखनऊ में वरिष्ठ अधिकारियन से भी बइठक करीहें. बतावल जाव कि आजुकाल्हु राज्य में खाना में थूक मिलावे के बहुते शिकायत सामने आइल बा जवना के बाद योगी सरकार ओकरा पs दबाव बनावे के कोशिश करत बिया

बैठक लखनऊ में होई

एह मुद्दा के लेके आजु योगी आदित्यनाथ एगो बड़हन बइठक करे जा रहल बाड़न. ई बइठक लखनऊ में होखी, एह बइठक में बहुते अधिकारी आ मंत्री शामिल हो सकेलें. जानकारी के मुताबिक एs बैठक में दु अध्यादेश पs चर्चा हो सकता। सभका से सलाह लिहला के बाद योगी सरकार ई दुनु अध्यादेश ले आ सकेले.

दू गो अध्यादेश पारित हो सकेला

एह संबंध में सीएम योगी आदित्यनाथ आजु यानी मंगल के दिने एह अध्यादेश का संबंध में अधिकारियन से बइठक करीहें. कहल जा रहल बा कि बैठक के बाद योगी सरकार 'छद्म अवुरी सुधार विरोधी गतिविधि के रोकथाम अवुरी थूक निषेध अध्यादेश 2024' अवुरी 'यूपी प्रिवेंशन ऑफ़ कॉन्टेमिनेशन इन फूड (कंज्यूमर राइट टू नो) अध्यादेश 2024' ले आ सकता। बतावल जाव कि अध्यादेश लागू भइला के बाद विधान सभा में पेश कइल जा सकेला आ 6 महीना के भीतर कानून बनावल जा सकेला.

 

 

 

 

Tags :
cm yogiupyogi adityanath
Advertisement
Next Article