For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

बड़हलगंज में नाराज होके घर से निकलल जुवक के चोर समझकर लोग पीटल

09:19 PM Jun 19, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
बड़हलगंज में नाराज होके घर से निकलल जुवक के चोर समझकर लोग पीटल
Advertisement

बड़हलगंज के नेवादा गांव में मंगर के भोर में गांव के लोग चोर समझके घर से नाराज होके निकलल जुवक आ ओकरा स्वजन के पकड़ लेलस। आरोप बा कि ओकनी के पिटाई  कs देलस। जानकारी होखला पs पहुंचल बड़हलगंज थाना पुलिस सबका के थाना ले आइल। पूछताछ आ जांच के बाद दुपहरिया में घरे भेज देलस।

Advertisement

देवरिया जिला के एकौना थाना क्षेत्र के कोल केशव गांव के गोलू नसा के आदी हs। सोमार के स्वजन नशा करे से मना कइल लो तs ऊ घर छोड़के चल गइल। ओकरा के खोजत गांव के जुवक आ परिवार के महिला नेवादा गांव में पहुंच गइल लो। जवना के बाद रखवाली कs रहल गांव के लोग  चोर समझके सभे के पकड़ लेलस।

घटना के वीडियो इंटरनेट मीडिया पs तेजी से प्रसारित हो रहल बा। एसपी साउथ जितेंद्र कुमार बतवलें कि गलतफहमी में गांव के लोग जुवक आ ओकरा स्वजन के पकड़ लेले रहे। पूछताछ आ जांच के बाद सभे के घर भेज दिहल गइल।

Tags :
Advertisement