टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

12 लाख रुपिया ठगी के आरोप में जुवक गिरफ्तार : 13 हजार नगद के संगे 3 ATM कार्ड बरामद, पुलिस भेजलस जेल

10:46 AM Apr 05, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
गिरफ्तार युवक।
Advertisement

गोपालगंज के नगर थाना क्षेत्र के चंद्रगोखुल रोड इस्थित पंजाब नेशनल बैंक शाखा से एगो संदिग्ध जुवक के पुलिस गिरफ्तार कइले बिया। जेकरा लगे से पुलिस 13 हजार रुपिया नगद आ एटीएम कार्ड के अलावे पास बुक आ पैनकार्ड बरामद कइल गइल बा। गिरफ्तार जुवक से पूछताछ के बाद कइयन अहम जानकारी पुलिस प्राप्त कइले बिया।

Advertisement

फिलहाल गिरफ्तार अभियुक्त से पुलिस पूछताछ के बाद न्यायिक हिरासत में भेज देले बिया। गिरफ्तार अभियुक्त के पहचान मांझागढ़ थाना क्षेत्र के भोजपुरवा गांव निवासी मुस्तफा मियां के बेटा नौशाद अली के रूप में कइल गइल।

13 हजार रुपिया के संगे एटीएम कार्ड बरामद

एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि नगर थाना क्षेत्र के चंद्रगोखुल रोड इस्थित पंजाब नेशनल बैंक के शाखा के लगे एगो संदिग्ध जुवक के होखे के सूचना मिलल। प्राप्त सूचना के आधार पs साइबर थाना के पुलिस उपाधीक्षक सह थानाध्यक्ष के नेतृत्व में संदिग्ध जुवक के सत्यापन कइल गइल। जवना के क्रम में संदिग्ध जुवक भोजपुरवा गांव निवासी नौशाद अली के रूप मे पहचान कइल गइल।

जवना के लगे से दुगो एंड्राइड मोबाइल, नौशाद अली नाम के आधार कार्ड, पैन कार्ड, तीन एटीएम कार्ड, पासबुक  13,000 रूपिया नगद बरामद कइल गइल। ओहिजा, ओकरा खाता के विश्लेषण आ आउर स्रोतन से एह बात के पुष्टी भइल कि ऊ साइबर अपराध में संलिप्त बा। जवना के बाद ओकरा गिरफ्तार कइल गइल।

जवना के संबंध में साइबर थाना कांड दर्ज कइल गइल। एसपी स्वर्ण प्रभात बतवलें कि पूछताछ के क्रम में गिरफ्तार अभियुक्त कावर से हाले में अपना साथियन के सहजोग से बुलंदशहरद (उ०प्र०) के एगो व्यक्ति से करीब 12 लाख रुपिया ठगी करे के बात स्वीकार कइल गइल बा।

साभार : दैनिक भास्कर

Tags :
12 lakh fraud13 thousand cash recoveredBhojpuri NewsGopalganj newspolice sent him to JailYouth Arrestedyouth arrested on charges of 12 lakh rupees fraud: 3 ATM cards with 13 thousand cash recovered
Advertisement
Next Article