टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर में गोली मारके जुवक के हत्या, दोस्तन के संगे बइठके शराब पियत घरी कवनो बात के लेके भइल विवाद

01:34 PM May 31, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर के राजघाट थानाक्षेत्र के अमरुदमंडी (अमरूतानी) में बीतल रात एगो जुवक के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल। मृतक शशांक पांडेय नौसढ़ के लगे भिलौरा गांव के रहे वाला रहे। गांव के लोग बतावल कि शशांक गांवही के एगो लईका के संगे गांव से देर सांझ बाहर निकलल रहे।

Advertisement

बतावल जात बा कि अमरुतानी में दोस्तन के संगे सब बइठके शराब पियले सs। कवनो बात पs विवाद में गोली चल गइल आ शशांक के मवके पs मौत हो गइल।

परिजन लोग बतावल कि साथ वाला लईका के माई शशांक के घरे फोन कs के सूचना देली कि कहीं गोली चल गइल बा, देखवा लs लो। परिजनन के संगही गांव वाला ऊ जुवक आ ओकर माई शशांक के परिजनन के संगे ओकर तलाश करे निकलल लो।

लगभग डेढ़ बजे रात में शव मिलला के बाद से गांव के दूसरका जुवक आ ओकर परिजन लापता बा लो। जबकि, शव मिलला पs परिजन स्कूटी से लेके शशांक के जिला अस्पताल पहुंचल लो। उहां जाके पता चलल कि पहिलही ओकर मौत हो चुकल बा।

एकरा संगही परिजनन लोग पुलिस के सूचना दिहल। सीओ कोतवाली गौरव त्रिपाठी सूचना पs भोर में चार से पांच बजे के बीच घटनास्थल पs पहुंचलें। शव के पीएम खातिर भेज दिहल गइल। बतावल गइल कि जुवक के गोली मारके हत्या कइल गइल बा। परिजनन के ओर से बतावल गइल संदिग्ध के तलाश कइल जा रहल बा। जल्दिये घटना के खुलासा कs दिहल जाई।

साभार: अमर उजाला

Tags :
AmrudhmandiBhojpuri Newsgorakhpur newsRajghat Police StationYouth Shot Dead
Advertisement
Next Article