टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

संघतियन से बतिआवते बेरा हो गइल युवक के मौत, CCTV में कैद भइल वीड‍ियो; पोस्‍टमार्टम र‍ि‍पोर्ट में निकल के आइल सोझा इ बात

04:03 PM Feb 02, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

कमला नगर के बृज विहार में मिठाई के दुकान पऽ 25 साल के जसवीर उर्फ वीरू चार महीने से कारीगर रहले।फिरोजाबाद के नगला सिंघी गाँव दारापुर के ठार के रहे वाला रहले। जसवीर अपना साथे काम करत कारीगर लो से बतिआवत रहले। बतकही के बीचे मे जमीन प गिर गइले आ ओही लगले उनकर मौत हो गइल। दोकान में लागल सीसीटीवी में जसवीर के मौत के पूरा घटना कैद हो गइल।

Advertisement

कहल जाला कि मौत के समय आ जगह दुनु नियती के लिखल हऽ, बियफे के दिने युवक के मौत के लाइव वीडियो से ई सच्चाई एक बार फिर साबित भइल। मिठाई के दोकानदार के इहाँ कारीगर संघतियन से बतिआवत जब जसवीर गिर गइले तऽ ओही लगले उहाँ मौजूद कारीगर लो अस्पताल लेकर भागल, जहाँ जाते उनका के डाक्टर लो के जरिये मरल बतावल गइल। कारीगर के मौत के वीडियो मये सोशल मीडिया पर वायरल हो गइल।

ई कुल घटना के सुचना उहाँ काम करत कारीगर लो पुलिस के दिहल। थानाध्यक्ष कमला नगर सोविंद्र कुमार बतवले कि पोस्टमार्टम रिपोर्ट में मौत के कारण 'कार्डियक' अटैक बतावल गइल बा।

Tags :
Bhojpuri NewsCCTV FootageCrime Newspodstpartam reportYouth Died
Advertisement
Next Article