टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

‘हिंदी औरत लोग के भाषा', युवराज के पिता योगराज सिंह के विवादित बयान, मचल बवाल

01:15 PM Jan 13, 2025 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

युवराज सिंह के पिता योगराज सिंह एक बेर फेरु विवादित बयान देले बाड़े जवना से हलचल मच गईल बा। अबकी बेर योगराज हिंदी भाषा के लेके एगो बयान देले बाड़े जवन कि सुर्खियन में बा। योगराज हिंदी भाषा के औरत लोग के भाषा बतवले बाड़न.  क्रिकेटर रहल योगराज अनफ़िल्टर्ड बाय समदिश के यू-ट्यूब चैनल पs हिंदी भाषा के बारे में बयान देत कहले कि, हिंदी भाषा अयीसन लागता जईसे कवनो 'महिला बोलतारी' पंजाबी जइसन भाषा बोलल पसंद करे के चाहीं, जेहसे कि रउरा बोल्ड लउकीं साक्षात्कार में योगराज कहले कि, हमरा हिंदी भाषा अइसे लागत बा जइसे कवनो औरत बोलत होखे. हँs, बहुत अच्छा लागेला, जब आदमी हिन्दी बोलेला तs लागेला कि कवन आदमी के हs? हम उs अंतर देख सकत बानी।'

Advertisement

उs इहो दावा कईले कि महिला के घर के मुखिया ना बनावल जाए, काहेंकी उs घर के तबाह करेली'। भारतीय क्रिकेटर रहल ई खिलाड़ी एह बारे में कहले कि,"जदी आप अपना पत्नी के घर के सत्ता देब तs उs आपके घर बर्बाद कs दिही, हमरा दुख बा कि इंदिरा गांधी एs देश के चला के बर्बाद कs देली। उनुका के इज्जत अवुरी प्यार दीं, बाकिर कबहूँ ओ लोग के सत्ता मत दीं।"

योगराज सिंह के ई बयान सोशल मीडिया पs वायरल हो रहल बा. सोशल मीडिया पs लोग एकरा पs प्रतिक्रिया दे रहल बाड़े अवुरी योगराज के सोच पs भी फटकारत बाड़े। 

इहो पढ़ीं : भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

Tags :
cricketYograj Singhyuvraj singh
Advertisement
Next Article