टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Zika Virus: गर्भावस्था के दौरान जिका संक्रमण से गंभीर समस्या हो सकता, पुणे में बढ़त मामला के संबंध में सतर्क

01:14 PM Jul 09, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

महाराष्ट्र आ ओकरा आसपास के शहरन में मच्छर से होखे वाला बेमारी जिका के मामिला बढ़े के खबर बा . स्वास्थ्य विशेषज्ञ एकरा के बहुत तरह से खतरनाक मान रहल बाड़े। अध्ययन सब में एकरा के मच्छर से होखे वाला अन्य बेमारी सब के तुलना में ढेर जोखिम मानल जाला, खासतौर पर गर्भवती मेहरारू आ बच्चा सब में, जिनहन के एह संक्रमण के कारण गंभीर बेमारी होखे के खतरा हो सके ला।

Advertisement

आईसीएमआर-नेशनल इंस्टीट्यूट ऑफ इपिडेमियोलॉजी (आईसीएमआर-एनआईई) के विशेषज्ञ बतवले कि भले ही पुणे में शहर के चुनल हिस्सा में ही जिका के केस मिलल बा, बाकी अधिकांश इलाका में कोरोना फइल सकता आ इहो संभव बा कि एकरा से जादे संख्या में केस हो सकता प्रभावित हो सकेला लोग संक्रमित हो सकेला। चुकी जांच अभी भी कम बा एहसे वास्तविक संख्या के पता नइखे चल सकत बाकी एकर संख्या एकरा से जादे हो सकता।

विशेषज्ञ के मुताबिक, जिका के अधिकांश मामिला ओ मरीज में भइल बा, जवन कि जिका से प्रभावित इलाका में नइखन गइल। एह से साफ हो जाला कि पुणे में जिका वायरस के स्थानीय स्तर के संक्रमण बा।

पुणे शहर में जिका के मामिला 

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक, रविवार (7 जुलाई) तक शहर में 11 मामला दर्ज भइल बा। एकरा अलावे महाराष्ट्र के कुछ शहर में कुछ मामला देखाई देलस। आईसीएमआर-एनआईई के निदेशक आ वैज्ञानिक डॉ. मनोज मुरहेकर के कहनाम बा कि, 'पुणे में जिका संक्रमण के मामला शहर के अलग-अलग हिस्सा में छिटपुट होखता, बाकी ई संकेत बा कि संक्रमित मच्छर के मामला बढ़ता।' जिका वायरस के नियंत्रित करे के उपाय अन्य वेक्टर जनित बेमारी नियन बा, जवना के सबके गंभीरता से लेवे के जरूरत बा।

गर्भवती महिला खातिर संक्रमण गंभीर हो सकता

स्वास्थ्य विशेषज्ञ के कहनाम बा कि, जिका संक्रमण मच्छर से होखेवाला आ बेमारी से जादे खतरनाक हो सकता। खास तौर पs गर्भवती महिला आ बच्चा में संक्रमण से गंभीर बेमारी हो सकता। सेंटर फॉर डिजीज कंट्रोल एंड प्रिवेंशन (सीडीसी) के विशेषज्ञ बतवले कि जिका वायरस गर्भवती महिला से ओकरा गर्भ में पलत बच्चा तक फैल सकता। गर्भावस्था के दौरान संक्रमण से कई प्रकार के जन्मजात विकृति हो सकता।

जिका से संक्रमित बहुत लोग में लक्षण ना लउकेला, जवना के चलते संक्रमण के पहचान कईल मुश्किल हो जाला। सबसे आम लक्षण बोखार, त्वचा में दाना, सिरदर्द, जोड़ आ मांसपेशी में दर्द, आ आंख के लाल होखल होखेला। एह संकेतन पर ध्यान देत रहला के बहुते जरूरी बा।

Tags :
Bhojpuri khabarKhabar Bhojpur NewsKhabar Bhojpuri Entertainment Newskhabar bhojpuri news specialkhabarBhojpuriOfficialMaharashtrapunezika viruszika viruses
Advertisement
Next Article