टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Zomato शुरू कइलस ‘शुद्ध शाकाहारी बेड़ा’, खाली वेज रेस्तरां से डिलीवर होई ऑर्डर

12:25 PM Mar 20, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

जोमैटो के सीईओ कहले, “दुनिया में सबसे बेसी शाकाहारी जनसंख्या प्रतिशत भारत में बा आ उऽ लोग से बहुते महत्वपूर्ण प्रतिक्रिया मिलल बा कि उऽ लोग एकरा के लेके बहुते गंभीर कि उनका लो के खाना कइसे पकावल जाई, आ उनका लो के खाना के कइसे लिआवल जाला।

Advertisement

खान-पान के उत्पादन के आपूर्ति करे वाला ऑनलाइन मंच जोमैटो (Zomato) के संस्थापक आ मुख्य कार्यपालक अधिकारी (सीईओ) दीपिंदर गोयल पूर्ण रूप से शुद्ध शाकाहारी माध्यम (Pure Veg Mode) से खाना के आपूर्ति सेवा शुरू करे के घोषणा कइले बाड़े। कंपनी ई सेवा पूर्ण रूप से शुद्ध शाकाहार अपनावे वाला ग्राहकन के पसंद के ध्यान में राख के शुरू कइले बिया। उऽ ई नया सेवा के शुरू करे खातिर शाकाहारी ग्राहक लो (Vegetarian Customers) के प्रतिक्रिया के हवाला देलस। उऽ बतवले कि ऑनलाइन मंच भारत में 100 प्रतिशत शाकाहारी आहार के उपयोग करे वाला ग्राहकन खातिर ‘शुद्ध शाकाहारी बेड़ा' (प्योर वेज फ्लीट) शुरू कर रहल बा।

गोयल सोशल नेटवर्किंग मंच ‘एक्स' पऽ पोस्ट कर के कहले कि दुनियाभर में सबसे बेसी शाकाहारी जनसंख्या भारत में बा। उऽ कहले कि नया सेवा वइसे ग्राहकन के प्रतिक्रिया के आधार पऽ शुरू कइल गइल बा।

जोमैटो सीईओ के एगो वर्ग आलोचनो कइलस

गोयल साझा कइले कि ‘शुद्ध शाकाहारी माध्यम' में मांसाहारी वस्तुअन के पेशकश करे वाला कवनो दोकान के छोड़ के, विशेष रूप से शाकाहारी भोजन परोसे वाला रेस्तरां के चयन शामिल होई। उऽ स्पष्ट कइले कि उनकर ई कदम कवनो धार्मिक भा राजनीतिक प्राथमिकता खातिर नइखे। हालांकि, ए कदम खातिर जोमैटो के सीईओ के सोशल मीडिया पऽ एगो वर्ग आलोचनो कइलस।

शुद्ध शाकाहारी रेस्‍टोरेंटो से डिलीवर होई ऑर्डर 

गोयल कहले, “जोमैटो के पूर्ण शाकाहारी बेड़ा में हरिहर रंग के डिब्बा होई ना कि पारंपरिक लाल डिब्बा ” गोयल स्पष्ट कइले कि ई खाना आपूर्ति करे वाला व्यक्ति विशेष रूप से शुद्ध शाकाहारी रेस्तरां से ऑर्डर वितरित करिहें आ कवनो मांसाहारी भोजन ना संभलिहें। एकरा अलावा, उऽ हरिहर रंग के डिब्बा लेके मांसाहारी रेस्तरां में प्रवेशो ना करिहें।

Tags :
Foodfood bhojapuri newsFood businessKhabar bhojpuriOnline foodVeg and non-vegVeg foodVeganVegetarian foodZomatoZomato veg
Advertisement
Next Article