For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Zomato लॉन्च कइलस नया सर्विस, दिल्ली के खास रेस्टोरेंट के खाना पटना से कs पाएंब ऑर्डर

10:39 AM Jul 05, 2024 IST | Minee Upadhyay
zomato लॉन्च कइलस नया सर्विस  दिल्ली के खास रेस्टोरेंट के खाना पटना से कs पाएंब ऑर्डर
Advertisement

Advertisement

अब ज़ोमेटो फूल डिलीवरी वाली कंपनी एक शहर से दूसरा शहर में लोग के खाना मंगावे के सेवा शुरू कs देले बिया। ज़ोमेटो के ई सेवा इंटरसिटी लेजेंड्स के नाम पs सुरू कइल गइल बा। हालांकि, कंपनी एकरा से पहिले दिल्ली-एनसीआर अवुरी बेंगलुरु खातीर भी अयीसने एक्सट्रीम सेवा सुरू कईले रहे, जवना के अब बंद कs दिहल गईल बा। ज़ोमेटो के एह सेवा के मदद से यूजर एक शहर से दूसरा शहर के विशिष्ट रेस्तरां से आपन पसंदीदा खाना मंगा सकतारे। ई खाना अगिला दिने पहुंचावल जाई।

हालांकि ज़ोमेटो इंटरसिटी फूड डिलीवरी सेवा 2022 में ही शुरू कईले रहे, बाकिर एकर कवनो निश्चित न्यूनतम ऑर्डर वैल्यू ना रहे। एह साल अप्रैल में ई सेवा बंद कs दिहल गइल रहे. अब एकर शुरुआत नया नाम आ शर्त से हो गइल बा. इंटरसिटी लेजेंड्स के नाम से शुरू भईल एs नाया सेवा में लोग के कम से कम पांच हजार रुपया के खाना मंगावे के होई। हालांकि, ज़ोमेटो के इs सेवा फिलहाल सिर्फ चुनल शहर के चुनल ग्राहक खातीर सुरू भईल बा।

दिल्ली से पटना ले खाना पहुंचावल जाई

रिपोर्ट के मुताबिक दिल्ली-एनसीआर, बेंगलुरु, मुंबई समेत कुछ मेट्रो शहर में ज़ोमेटो के इs सेवा शुरू हो गईल बा। यूजर के खुद ज़ोमेटो ऐप में Intercity Legends नाम के एगो नाया टैब देखाई दिही, जवना के माध्यम से यूजर एक शहर से दूसरा शहर में विशिष्ट रेस्तरां से खाना मंगा सकेले।

एह नया सेवा खातिर कंपनी एगो शर्त तय कइले बिया कि साँझ सात बजे से पहिले एहिजा ऑर्डर लिहल जाई. खाना मंगावे के बाद अगिला दिने यूजर तक पहुंचावल जाई। खाना के डीप फ्रीजर में संरक्षित कs के ग्राहक ले पहुंचावल जाई, ताकि खाना खराब ना होखे अवुरी ओकर स्वाद बरकरार रहे।

एक्सट्रीम बंद हो गइल

ज़ोमेटो के इंटरसिटी फूड डिलीवरी ऐप एक्सट्रीम के बात कईल जाए तs इs एगो हाइपर लोकल डिलीवरी सेवा रहे। एकरा खातीर कंपनी एगो स्टैंडअलोन ऐप डिजाइन कईले रहे, जवना के अब गूगल प्ले स्टोर से हटा दिहल गईल बा। अप्रैल 2024 से एह ऐप पर यूजर लोग के ई संदेश मिलत रहे कि Closed Now, Will be back soon. एकरा अलावे कंपनी ओला के संगे हाइपर लोकल पार्सल डिलीवरी सेवा भी शुरू कईलस।

Tags :
Advertisement