For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

1 जून : इतिहास के महत्वपूर्ण घटना के जानीं, देश दुनियां में 1जून के का भइल रहे

08:14 AM Jun 01, 2024 IST | Raj Nandani
1 जून   इतिहास के महत्वपूर्ण घटना के जानीं  देश दुनियां में 1जून के का भइल रहे
Advertisement

साल के छठवाँ महीना के ई पहिला दिन इतिहास में एगो खास जगहा राखेला । आज नेपाल के एगो बड़ घटना देश के पूरा इतिहास के बदल दिहलस। आज के दिन नेपाल के राजमहल में भइल सामूहिक हत्या में राजा, रानी, राजकुमार आ राजकुमारी के हत्या हो गइल रहे।

Advertisement

साल के छठवाँ महीना के ई पहिला दिन इतिहास में एगो खास जगहा राखेला । आज नेपाल के एगो बड़ घटना देश के पूरा इतिहास के बदल दिहलस। आज के दिन नेपाल के राजमहल में भइल सामूहिक हत्या में राजा, रानी, राजकुमार आ राजकुमारी के हत्या हो गइल रहे। राजा के भाई ज्ञानेन्द्र बीर बिक्रम शाह देश के नया राजा बनलन। भारतीय सिनेमा के इतिहास में भी 1 जून के एगो महत्वपूर्ण स्थान बा। हिंदी सिनेमा के इतिहास के बेहतरीन अभिनेत्रियन में गिनल जाए वाली नरगिस के आज जनमदिन हs । फिल्म मदर इंडिया में ऊ महतारी के किरदार ओतने तीव्रता से निभवली जतना कि दोसरा फिलिमन में पत्नी आ प्रेमिका के किरदार में ओतने सहज लउकत रहली । देश आ दुनिया के इतिहास में 1 जून के तारीख के दर्ज अन्य महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा:-

  • 1819 : बंगाल में सेरामपुर कॉलेज के स्थापना भइल।
  •  1835 : कलकत्ता मेडिकल कॉलेज के कामकाज शुरू भइल।
  •  1874 : ईस्ट इंडिया कंपनी भंग हो गइल।
  •  1929 : ‘मादर इंडिया’ फिलिम में हिन्दी फिलिमन के सबसे यादगार माई किरदार निभावे वाला नरगिस दत्त के जनम।
  •  1930 : भारत के पहिला डीलक्स ट्रेन दक्कन क्वीन बंबई वीटी आ पुणे के बीच शुरू भइल।
  •  1955 : अस्पृश्यता (निरोधक) अधिनियम लागू भइल ।
  •  1964: नया पैसा से नया शब्द हटा के अब एकरा के पैसा कहल गइल ।
  •  1970 : चुनावी बइठक के बाहर ब्रिटिश प्रधानमंत्री हेरोल्ड विल्सन पर अंडा फेंकल गइल ।
  •  1979 : एह दिन रोडेशिया में अल्पसंख्यक गोरा लोग के शासन 90 साल बाद खतम हो गइल आ एलान भइल कि अब एह देश के जिम्बाब्वे के नाम से जानल जाई ।
  •  1980 : टेड टर्नर के केबल न्यूज नेटवर्क (सीएनएन) 24 घंटा के न्यूजकास्ट शुरू कइलस ।
  •  1996 : एचडी देवे गौड़ा देश के 11वां प्रधानमंत्री बने।
  •  1999 : मध्य चीन के हुबी प्रांत में 770-256 ईसा पूर्व के तीन सौ प्राचीन कब्र के खोज भइल।
  •  1999 : अमेरिका के हवाई विश्वविद्यालय में नर चूहा के मॉडल बनावल गइल ।
  •   2004 : इराकी प्रशासनिक परिषद के प्रमुख सुन्नी नेता गाजी मशल अजीज अल यावर इराक के नयका राष्ट्रपति बनलें।
  •  2005 : अप्पा शेर्पा 15वीं बेर माउंट एवरेस्ट पर सफलतापूर्वक चढ़ले।
  •  2006 : चीन के दक्खिन-पूरबी जियांगसी प्रांत के शांगीपन गाँव में आदिम मनुष्य के पैर के निशान मिलल।
  •  2006 : ईरान परमाणु अनुसंधान कार्यक्रम पर अमेरिका के साथे कवनो तरह के समझौता से पूरा तरह से मना कर दिहलस ।
  •  2014 : नाइजीरिया के एगो फुटबाल मैदान में भइल विस्फोट में 40 लोग के मौत हो गइल ।
Tags :
Advertisement