टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

दिल्ली के शास्त्री नगर में चार मंजिला बिल्डिंग में लागल भीषण आग, दु गो लइकन समेत 4 लोगन के मउत

10:14 AM Mar 14, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

बियफ़ें के सबेरे दिल्ली के शाहदरा के शास्त्री नगर इलाका में स्थित एगो आवासीय भवन में भीषण आग लाग गईल। दुर्घटना में 4 लोग के मउत हो चुकल बा। आग लगला के जानकारी मिलते फायर ब्रिगेड अवुरी पुलिस के टीम मउका पs पहुंच गईल। आग लगला के चलते पार्किंग में खड़ा चार गाड़ी जर गईल। पुलिस कवनो तरह से आग पs काबू पा लिहल गइल।

आग पार्किंग से लेके पूरा बिल्डिंग में फैल गईल

शास्त्री नगर क्षेत्र के गली नम्बर-13 के घर नम्बर 65 में आग लाग गइल। ई चार मंजिला आवासीय भवन हs। एकरा साथे ग्राउंड फ्लोर आ पार्किंग भी बा। पार्किंग से सुरू भईल आग पूरा बिल्डिंग में फैल गईल, जवना से इमारत धुआं से भर गईल। गली बहुत संकरी होखला के चलते फायर टेंडर के मउका पs पहुंचे में बहुत दिक्कत के सामना करे के पड़ल।

मरेवाला लोग में 3 साल के लईका अवुरी 6 महीना के लईका भी शामिल बा

अधिकारी बतवले कि, गली संकरी होखला के बावजूद दमकल के अधिकारी मउका पs पहुंच के आग पs काबू पावे में कामयाब हो गईले। हर मंजिल के तलाशी लिहल गईल। उहाँ से तीन आदमी, चार महिला अवुरी दु लईका के निकाल के हेडगेवार अस्पताल भेजल गईल। लेकिन एs दुर्घटना में चार लोग के मउत हो गईल।मरेवाला में 30 साल के मनोज, 28 साल के महिला सुमन, 3 साल के बच्ची अवुरी 6 महीना के लईका शामिल बाड़े।

 

 

 

 

Tags :
delhiDelhi FireDelhi PolicefireShahdara
Advertisement
Next Article