टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

अमेरिका के इडाहो में अपसे में टकराइल 2 गो वाहन, दुर्घटना में 6 लोगन के मउत आ 10 घायल

12:40 PM May 19, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

इडाहो फॉल्स (अमेरिका) : अमेरिका के इडाहो फॉल्स में एगो भयानक सड़क दुर्घटना के खबर सामने आ रहल बा। बतावल जाता कि इs घटना शनिचर के भईल रहे, जवना में दुगो चार पहिया गाड़ी नियंत्रण खो देले अवुरी एक दूसरा से टकरा गईले। एह गाड़ियन के टक्कर से छह लोग के मउत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइले. गाड़ियन के बीच के टक्कर एतना भयंकर रहे कि दुनो लोग के जान चल गईल। अधिकारी इs जानकारी देले। सूचना मिलते पुलिस राहत अवुरी बचाव दल के संगे मउका पs पहुंचल।

इडाहो राज्य पुलिस के ओर से जारी बयान में कहल गईल कि, इडाहो फॉल्स के यू.एस. टक्कर एतना भयंकर रहे कि एs दुर्घटना में 6 लोग के मउत हो गईल अवुरी 10 लोग घाही हो गईले। पुलिस के कहनाम बा कि एs दुर्घटना में घाही सभ लोग के स्थानीय अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। बहुत घायल लोग के हालत गंभीर बा। पुलिस के कहनाम बा कि वैन चालक अवुरी पांच यात्री के मउका पs मउत हो गईल।

घटना के जांच शुरू 

अबे ले एs दुर्घटना के कवनो सही कारण के खुलासा नईखे भईल। एहसे पुलिस दुर्घटना के कारण के जांच शुरू कs देले बिया। पास के सीसीटीवी के जाँच कइल जा रहल बा. ताकि घटना के कारण के पता चल सके। पुलिस के मुताबिक वैन में सवार अवुरी 9 यात्री अवुरी पिकअप गाड़ी के चालक के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। इडाहो राज्य पुलिस एह दुर्घटना के जाँच करत बिया.

 

 

Tags :
AmericaPeople Deadroad accidentUSWorld News
Advertisement
Next Article