टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News: बिहार प्रशासनिक सेवा के 29 अफसरन के तबादला: जहानाबाद भगदड़ के दोषी एसडीओ पटना के सीनियर डीसी बनलें

11:24 AM Sep 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

बिहार में ट्रांसफर-पोस्टिंग के दौर जारी बा। बिहार प्रशासनिक सेवा के 29 अफसरन के एक जगह से दूसरा जगह कs दिहल गइल बा। शशि शेखर के पटना के उप नगर आयुक्त बनावल गइल बा। एह संबंध में सामान्य प्रशासन विभाग अधिसूचना जारी कs देले बा।

Advertisement

पटना के सीनियर डिप्टी कलक्टर बनलें विकास कुमार

बराबर पहाड़ी पs भइल भगदड़ खातिर दोषी मानल गइल जहानाबाद अनुमंडल के एसडीओ विकास कुमार पटना के सीनियर डिप्टी कलक्टर बनावल गइल बाड़ें। उनका खिलाफ विभागीय कार्यवाहियो चली। बीतल 11 अगस्त के बाबा सिद्धेश्वर नाथ मंदिर परिसर में मचल भगदड़ में सात लोगन के मौत भइल रहे। जहानाबाद डीएम 20 अगस्त के विकास कुमार पs कार्रवाई के अनुशंसा कइले रहस। सुक के सामान्य प्रशासन विभाग विकास पs कार्रवाई आ सीनियर डीसी संबंधी अधिसूचना जारी कइलस।

समाज कल्याण विभाग के संयुक्त सचिव कुमारी सीमा के बीएमएसआईसीएल के सीजीएम, बीएमएसआईसीएल के सीजीएम नजर हुसैन के पंचायती राज विभाग में संयुक्त सचिव, बीएमएसआईसीएल के सीजीएम रवींद्र कुमार के खाद्य आ उपभोक्ता संरक्षण विभाग में संयुक्त सचिव, नगर विकास विभाग के उप सचिव राहुल बर्मन के बिहार राज्य आवास बोर्ड के भू-सम्पदा अधिकारी बनावल गइल बा।

शशि शेखर पटना नगर निगम के उपनगर आयुक्त बनलें

गया के अपर जिला दंडाधिकारी शशि शेखर के पटना नगर निगम के उपनगर आयुक्त, वैशाली के जिला पंचायती राज अधिकारी हरेंद्र राम के बीएमएसआईसीएल के सीजीएम, आपदा प्रबंधन विभाग के ओएसडी शैलेश चंद्र दिवाकर के बिहार स्वास्थ्य सुरक्षा समिति के प्रशासी अधिकारी आ बृन्दा लाल के राज्य स्वास्थ्य समिति के पदाधिकारी बनावल गइल बा। ओहिजा, 12 अधिकारियन के जिला भू-अर्जन अधिकारी आ चार अधिकारियन के अपर समाहर्ता बनावल गइल बा।

Tags :
29 Bihar Administrative Officials TranasferdAdminstration NewsBhojpuri Newsbihar news
Advertisement
Next Article