For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

केंद्रीय विद्यालय के हर क्लास में 8-8 सीट घटल : राज्य बदलला पs प्राइवेट जॉब वालन के लईकन के ना मिली मिली एडमिशन, 15 अप्रिल तक आवेदन

08:35 AM Apr 08, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
केंद्रीय विद्यालय के हर क्लास में 8 8 सीट घटल   राज्य बदलला पs प्राइवेट जॉब वालन के लईकन के ना मिली मिली एडमिशन  15 अप्रिल तक आवेदन
Advertisement

केंद्रीय विद्यालय के हर क्लास में 8-8 सीट कम कs दिहल गइल बा। KV के ओर से जारी एडमिशन नोटिफिकेशन में खाली 32 सीट खातिर आवेदन मांगल गइल बा। अभी तक प्राइमरी से हायर सेकेंडरी तक हर क्लास में 40-40 सीट होत रहे।

Advertisement

एकरा संगही लईकन के ट्रांसफर पॉलिसी में बदलाव कइल गइल बा। प्राइवेट सेक्‍टर के नौकरी कs रहल पेरेंट्स के राज्य के बाहर ट्रांसफर होखला पs लईकन के दोसरा राज्य के स्कूल में ट्रांसफर ना मिली।

केंद्रीय विद्यालयन में हर साल बड़ संख्या में आवेदन आवेला। अइसन में सीट घटला से विद्यार्थी आ पेरेंट्स दुनु के मुश्किल होई।

जादा लईका होखला से ध्यान ना दे पावेला लो टीचर

जानकारन के कहनाम बा है कि KV में जादे संख्या में छात्र होखला से सब छात्रन पs पूरा तरे धेयान दे पावल संभव ना होला आ ओकर क्षमता घट जाला। एहिसे सीटन में कटौती संबंधी ई निर्णय लिहल गइल बा। हालांकि, छात्रन आ परिजनन में एकरा के लेके निराशा बा।

ट्रांसफर पॉलिसी के लाभ खाली सरकारी नौकरी वालन के

केंद्रीय विद्यालय में सरकारी नौकरी करे वाला अधिकारी-कर्मचारियन के संगही प्राइवेट सेक्टर में काम कs रहल लोगन के लईकन के एडमिशन दिहल जाला। जदि पेरेंट्स के कहीं आउर ट्रांसफर होला तs लईकन के इंटर-स्टेट ट्रांसफर के सुविधा मिलत रहे। अब एमे बदलाव कइल गइल बा।

पहिले सीट खाली होखला पs सब पेरेंट्स के लईकन के ट्रांसफर के सुविधा रहे। अब खाली सरकारी नौकरी में पदस्थ पेरेंट्स के लईकन के ई सुविधा मिली। प्राइवेट नौकरी में काम कs रहल लोगन के लईकन के स्‍टेट ट्रांसफर के सुविधा के लाभ ना मिली।

15 अप्रिल तक कइल जा सकत बा रजिस्‍ट्रेशन

KV में क्लास एक मे एडमिशन के लिंक एक अप्रिल से लाइव बा। एडमिशन खातिर 15 अप्रिल तक ऑनलाइन आवेदन कइल जा सकी। सिलेक्‍टेड स्‍टूडेंट्स के पहिला लिस्‍ट 19 अप्रिल के जारी होई। एकरा बाद 29 अप्रिल आ आठ मई के दूसरका आ तीसरका लिस्ट जारी कइल जाई।

बाकी आउर कक्षा खातिर 10 अप्रिल तक आवेदन प्रक्रिया चली। एह क्लासन के लिस्‍ट 15 अप्रिल के जारी कइल जाई। एकरा आधार पs 16 से 29 अप्रैल तक एडमिशन होई। एडमिशन ले लास्‍ट डेट 29 जून बा। ऑनलाइन आवेदन ऑफिशियल वेबसाइट kvsonlineadmission.kvs.gov.in से कइल जा सकत बा।

Tags :
Advertisement