टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आम लोगन खातीर एह तारीख से खुली अबु धाबी के हिंदू मंदिर, VIP श्रद्धालु लो के दर्शन 29 फरवरी ले

09:05 PM Feb 27, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

अबू धाबी हिन्दू मंदिर : अयोध्या के बाद अबू धाबी के हिन्दू मंदिरो के उद्घाटन हो चुकल बा। BAPS के बनावल एह भव्य हिन्दू मंदिर के उद्घाटन 14 फरवरी के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मवजूदगी में भइल रहे। फिलहाल एह मंदिर में वीआईपी भक्त लोग आ रहल बा। बाकिर अब ई मंदिर जल्दिए आम लोग के खातिर खोलsल जाई।जानि कवना तारीख से आम भक्त लोग दरसन कई सकेला।

Advertisement

अबू धाबी के हिन्दू मंदिर के अधिकारी जानकारी देले बाड़े कि अब एक मार्च से आम भक्त खाती मंदिर के दरवाजा खुल जाई। मंदिर बोचासनवासी श्री अक्षर पुरुषोत्तम स्वामीनारायण संस्था (BAPS) स्वामीनारायण संस्था के निर्माण दुबई-अबू धाबी शेख जायद राजमार्ग के अबू मुरिखाह में अल रहबा के लगे भईल बा । ई मंदिर 27 एकड़ जमीन में फइलल बा।

मंदिर के दरवाजा जनता खातिर मार्च में खुल जाई

मंदिर के प्रवक्ता कहले कि, "1 मार्च से जनता मंदिर में जा सकेले। मंदिर हरेक सोमार (सोमवार) के जनता खाती बंद रही।" भारत के गंगा आ यमुना के पवित्र पानी, राजस्थान के गुलाबी बलुआ पत्थर आ लकड़ी के फर्नीचर के इस्तेमाल यूएई के पहिला हिन्दू मंदिर खातिर कइल गइल बा जवन लगभग 18 लाख ईंटाऽ के मदद से बनल बा।

मंदिर के अधिकारी लोग के मुताबिक मंदिर के निर्माण पुरनका निर्माण शैली के मुताबिक भईल बा। यूएई सरकार मंदिर के निर्माण खातिर जमीन दान में देले रहे। बाप्स के अंतर्राष्ट्रीय संबंध प्रमुख स्वामी ब्रह्मविहारिदास कहले कि, मंदिर के सात चोटी पs देवता के मूर्ति बा, जवना में भगवान राम, भगवान शिव, भगवान जगन्नाथ, भगवान श्रीकृष्ण, भगवान स्वामीनारायण (भगवान कृष्ण के अवतार मानल जाला) तिरुपति बालाजी, भगवान शिव आ अय्यप्पा के शामिल कइल गइल बा।"

पौराणिक साक्ष्य समेटले स्थापत्य कला के नमुना बा मंदिर

मंदिर में महाभारत आ रामायण के अलावा 15 गो अउरी कहानी के चित्रण भी बा। एह कहानी सभ में माया, एजटेक, मिस्र, अरबी, यूरोपीय, चीनी आ अफिरकी सभ्यता सभ के सामिल कइल गइल। मंदिर के बाहरी देवाल भारत से ले आवल बलुआ पत्थर से बनल बा।

 

 

 

 

Tags :
Abu DhabiHindu TempleNarendra ModiUAE
Advertisement
Next Article