For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

रक्षा मंत्री के बैठक के लेके प्रशासन के तैयारी पूरा : चुनाव प्रबंध समिति के संगे 1 घंटा 35 मिनट करिहें चरचा, चौक-चौराहन पs बल तैनात

02:52 PM Feb 28, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
रक्षा मंत्री के बैठक के लेके प्रशासन के तैयारी पूरा   चुनाव प्रबंध समिति के संगे 1 घंटा 35 मिनट करिहें चरचा  चौक चौराहन पs बल तैनात
Advertisement

रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आज सीवान पहुंच रहल बाड़ें। एकरा पहिले सीतामढ़ी में माता सीता के दर्शन करिहें। इहवां परी वाटिका में पार्टी पदाधिकारियन के संगे बैठक करिहें आ फेर दरभंगा खातिर रवाना हो जइहें। बीजेपी जिला अध्यक्ष संजय पांडे कहलें की सारण कलस्टर के चुनाव प्रबंध समिति के बैठक होई।

Advertisement

एह बैठक में सीवान, महाराजगंज, गोपालगंज आ सारण लोकसभा क्षेत्र के कोर कमेटी के सदस्य सामिल होई लो। बैठक 1 घंटा 35 मिनट तक चली। एह दौरान क्षेत्र में हो रहल राजनीतिक गतिविधि, पब्लिक रिएक्शन आदि के बारे में जानकारी लिहल जाई। एकरा संगही चारों लोकसभा क्षेत्र में बीजेपी के प्रभाव पs चरचा होई।

बता दीं कि रक्षा मंत्री के आगमन के लेके जिला प्रशासन पूरा तइयारी कs लेले बा। डीएम आ एसपी मंगर के सांझे में पुलिस लाइन से लेकर बैठक स्थल तक मॉक ड्रिल कइले रहे लो। आज शहर के हर एक चौक-चौराहा पs पुलिस बल के तैनाती आ जगह-जगह दंडाधिकारी, पुलिस पदाधिकारी मवजूद बा लो।

Tags :
Advertisement