For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Bareilly News: जमीन पऽ कब्जा करावे के आरोप में दरोगा पऽ गिरल गाज, एसएसपी कइलें निलंबित

11:35 AM Jul 05, 2024 IST | Sonu Kishor
bareilly news  जमीन पऽ कब्जा करावे के आरोप में दरोगा पऽ गिरल गाज  एसएसपी कइलें निलंबित
Advertisement

Bareilly News: जमीन के विवाद में एगो पक्षीय कार्रवाई करे के आरोप में एसएसपी रामनगर चौकी प्रभारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ देले। चौकी प्रभारी एगो किसान के जमीन पs दोसरा के कब्जा करा देले रहले।

Advertisement

बरेली के आंवला थाना क्षेत्र में जमीन विवाद के मामला में पुलिस के कारनामा सामने आइल बा। रामनगर चौकी प्रभारी जमीन विवाद के मामला में एक पक्षीय कार्रवाई कऽ देले। पीड़ित एह मामला के शिकायत एसएसपी से कइले। एपर चौकी प्रभारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ दिहल गइल बा।

मऊ चंदपुर निवासी सालिकराम वर्मा आपन कृषि भूमि पs कई साल से काबिज बाड़े। आरोप बा कि रामनगर पुलिस चौकी प्रभारी पवन कुमार विपक्षी बुद्धि सिंह निवासी तिगरा खानपुर के उनका जमीन पs कब्जा करा देले। उनका पता लागल तऽ उऽ एकर शिकायत करे रामनगर चौकी पहुंचले। आरोप बा कि चौकी प्रभारी पवन कुमार उनका के बेइज्जत कऽ के उनका से दुर्व्यवहार कइले।

सालिकराम वर्मा पवन कुमार पs आरोप लगा के शिकायत एसएसपी से कइले रहले। एसएसपी शिकायत के संज्ञान लेके सीओ से जांच करवले। एमें चौकी प्रभारी नियम के विपरीत काम करे के दोषी मिलले। लापरवाही आ संलिप्तता के आधार पs एसएसपी अनुराग आर्य चौकी प्रभारी के तत्काल प्रभाव से निलंबित कऽ देले।

Tags :
Advertisement