For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

कांग्रेस जॉइन करे से पहिले विनेश फोगाट छोड़ली रेलवे के नौकरी

02:30 PM Sep 06, 2024 IST | Sonu Kishor
कांग्रेस जॉइन करे से पहिले विनेश फोगाट छोड़ली रेलवे के नौकरी
विनेश फोगाट
Advertisement

रेलवे से इस्तीफा देवे के घोषणा करत विनेश फोगाट कहली कि रेलवे के सेवा कइल उनका जीवन के सबसे यादगार समय रहे। रेलवे परिवार के हम हमेशा आभारी रहब। विनेश आ बजरंग पुनिया आज आधिकारिक तौर पs कांग्रेस में शामिल हो जइहें।

Advertisement

पहलवान विनेश फोगाट बियफे के दिने कांग्रेस पार्टी में शामिल होखे से पहिले रेलवे के नौकरी से इस्तीफा दे दिहली। उऽ खुद एकरा बारे में जानकारी देली।

एकर एलान करत विनेश कहली कि रेलवे के सेवा कइल उनुका जीवन के सबसे यादगार आ गौरवशाली समय रहल बा। रेलवे परिवार के हम हमेशा आभारी रहब।

उ सोशल मीडिया प पोस्ट कइली आ कहली कि अपना जीवन के एह मोड़ पs हम अपना के रेल सेवा से अलग होखे के फैसला कइले बानी आ भारतीय रेलवे के सक्षम अधिकारी के इस्तीफा पत्र दे देले बानी। राष्ट्र के सेवा में रेलवे के ओर से हमरा के मिलल एह मौका खातिर हम भारतीय रेल परिवार के हमेशा आभारी रहब।

Tags :
Advertisement