टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

गोरखपुर यूनिवर्सिटी में रिसर्च स्कॉलर के बड़ राहत : नौकरी मिलला पs प्रभावित ना होई PHD, यूनिवर्सिटी के अध्यादेश में बदलाव

10:19 AM Mar 15, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर यूनिवर्सिटी अपना रिसर्च स्कॉलरन के बड़ राहत देले बा। अब रिसर्च के दौरान जदि छात्रन के नौकरी मिल जात बा तs ओकर PHD बाधित ना होई। नौकरी मिलला पs ओकरा रेगुलर शोध के जगह पार्ट टाइम मोड में शोध करे के ऑप्शन मिली।

Advertisement

यूनिवर्सिटी के कार्य परिषद नया PHD अध्यादेश के मंजूरी दे देलस। पहिले रिसर्च के दौरान स्कॉलर के नौकरी लाग गइला पs ओकरा दुनो में से कवनो एगो विकल्प तय करे के पड़त रहे। ओह लोगन के नौकरी ना तs फेर रिसर्च वर्क के आगे बढ़ावे के पड़त रहे। अइसन में बहुते रिसर्च स्कॉलरन  के सरकारी नौकरी भा फेर आउर अच्छा संस्थान में नौकरी मिलला पs रिसर्च वर्क मजबूरी में छोड़े के पड़त रहे।

इनोवेशन के बढ़ावा देवे खातिर बदलाव

एकरा के धेयान में रखत यूनिवर्सिटी प्रशासन इनोवेशन्स के बढ़ावा देवे के उद्देश्य से PHD अध्यादेश में बदलाव कइले बा। VC प्रोफेसर पूनम टंडन बतवली कि नया PHD अध्यादेश में रेगुलर रिसर्च कs रहल स्टूडेंट्स के नौकरी मिलला के बाद अब ओकर रिसर्च वर्क बीच में बाधित ना होई। ओकरा के पार्ट टाइम रिसर्च के विकल्प दिहल गइल बा। ऊ नौकरी करत अपना रिसर्च वर्क के आगे बढ़ा सकत बा।

Tags :
Bhojpuri NewsBig ReliefDduDeen Dayal Upadhyaya Gorakhpur Universitygorakhpur newsGorakhpur UniversityPHD along with JobResearch Scholar
Advertisement
Next Article