टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बिहार सरकार रद्द कइलस एs बड़ भरती के परीक्षा, गड़बड़ी के मिलल रहे सबूत

01:24 PM Dec 02, 2024 IST | Minee Upadhyay
प्रतीकात्मक फोटो
Advertisement

बिहार सरकार एगो बड़ भरती परीक्षा रद्द कs देले बिया।  सरकार एगो नोटिस जारी कs कहलस कि सामुदायिक स्वास्थ्य अधिकारी (सीएचओ) के संविदागत पद पs चयन खातीर कईल अवुरी संचालित ऑनलाइन परीक्षा रद्द हो गईल बा। एह भरती परीक्षा में सरकार के जांच में गड़बड़ी के सबूत मिलल रहे।बिहार सरकार एह बहाली अभियान के माध्यम से सीएचओ के 4500 पद पs बहाली कईल चाहतिया। एकरा खातीर ऑनलाइन सीबीटी टेस्ट परीक्षा के माध्यम से बहाली करे के बा।

Advertisement

राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन के तहत एs बहाली खातीर 4500 पद भरे के रहे, जवना खातीर आवेदन प्रक्रिया 1 नवंबर 2024 से शुरू भईल अवुरी आवेदन करे खातीर 21 नवंबर 2024 ले समय दिहल गईल। एह बहाली खातिर आवेदन प्रक्रिया ऑनलाइन मोड में जारी रहे।

नोटिस जारी कइलस

बिहार सरकार जानकारी दिहलस कि,"राज्य स्वास्थ्य समिति, बिहार के विज्ञापन संख्या 07/2024 अवुरी दिनांक 02.12 के तहत सामुदायिक स्वास्थ्य अधिकारी (सीएचओ) के संविदागत पद पs चयन/नियुक्ति खातीर 01.12.2024 के ऑनलाइन कंप्यूटर बेस्ड टेस्ट अवुरी सीबीटी होखे वाला बा। 2024 के होखे वाला सीबीटी रद्द हो गईल परीक्षा के अगिला तारीख के संबंध में जानकारी प्रकाशित कईल जाई।”

काहे रद्द हो गइल?

दरअसल कुछ ऑनलाइन सेंटर में गड़बड़ी के सबूत मिलल। एही कारण से 4500 पद पs सीएचओ के बहाल करे खातीर परीक्षा रद्द करे के फैसला भईल बा। ओह केन्द्रन में परीक्षा केन्द्र भी बनावल गइल जवन पहिले से ब्लैकलिस्ट रहे। एकरा बाद अतवार के पटना पुलिस के टीम एक संगे 12 ऑनलाइन सेंटर पs छापामारी कईलस अवुरी कुछ लोग के भी हिरासत में लेलस।

इहो पढ़ीं: Vikrant Massey: विक्रांत मैसी कइले अभिनय से संन्यास लेवे के एलान

Tags :
Bhojpuri Newsbiharbihar newsEducationRecruitmentएजुकेशन
Advertisement
Next Article