टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

Bihar News : बाहुबली अनंत सिंह के जेल से रिहाई पs तेजस्वी के बड़ बयान, सीएम नीतीश पs एकर आरोप लगवले

07:38 PM Aug 16, 2024 IST | Raj Nandani
Advertisement

अनंत सिंह जेल से बाहर निकलते सीएम नीतीश कुमार पs नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव एगो बड़ आरोप लगवले बाड़े। उनका बयान के बाद राजनीति गरम होखे लागल बा।

Advertisement

बाहुबली आ पूर्व विधायक अनंत सिंह जेल से बहरी निकलते बिहार में राजनीति गरमा गइल। अनंत सिंह जेल से बाहर निकलते सीएम नीतीश कुमार पs नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव एगो बड़ आरोप लगवले बाड़े। राघोपुर में पत्रकारन से बतियावत ऊ कहले कि चुनाव में मुख्यमंत्री के जेकर जरूरत बा, ऊ उनका के जेल से बाहर निकाल देले। ओकरा बाद ओकरा के जेल भेज देले। तेजस्वी यादव के ए बयान के बाद राजनीति गरम होखे लागल बा।

पटना हाईकोर्ट दू दिन पहिले बरी कर दिहलस

इहाँ राजनीतिक पंडित के कहनाम बा कि तेजस्वी यादव इशारा करत रहले कि अनंत सिंह के जेल भेजे के पीछे नीतीश कुमार भी बाड़े। तत्कालीन आईपीएस अधिकारी लिपी सिंह के कार्रवाई के बाद अनंत सिंह के लुकाईल जगह से एके 47 आ बुलेट प्रूफ जैकेट बरामद भईल। अनंत सिंह के निचला अदालत के ओर से सजा मिल गइल आ उहो जेल जाए के पड़ल। दू दिन पहिले पटना हाईकोर्ट उनका के बरी कर दिहलस।

अनंत सिंह आज सबेरे बेउर जेल से बहरी निकलले।

बता दीं कि पूर्व विधायक आ मसलमैन आनंद सिंह आज सबेरे बेउर जेल से बाहर निकलल बाड़न। जेल के बहरी उनका समर्थकन के भी जुटान रहे। जेल से बहरी निकलते अनंत सिंह पत्रकारन से बतियावत कहले कि अब उनकर मन ठीक हो रहल बा। इहे कहत ऊ अपना पैतृक गाँव नदमा खातिर रवाना हो गइले। इहाँ उनुकर समर्थक उनुकर भव्य स्वागत कइले।

Tags :
anant singhbahubali anant singhBhojpuri khabarbihar beur jailBihar CM Nitish Kumarbihar politicskhabarBhojpuriOfficialtejaswi yadav
Advertisement
Next Article